Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

VIRAL: उत्तराखंड के कोटद्वार में लागल ‘Male Escorts Requirment’ के पोस्टर, फोटो वायरल होखला बाद जांच में जुटल पुलिस

317

सोशल मीडिया प “मेल एस्कॉर्ट्स रिक्वायरमेंट” वाला एगो पोस्टर तेजी से वायरल हो रहल बा खबरन के मोताबिक, बीजेपी शासित उत्तराखंड के पौड़ी गढ़वाल के कोटद्वार शहर में पोस्टर चिपकावल गइल बा।

रिपोर्ट के मोताबिक पोस्टर पुलिस स्टेशन परिसरो में चिपकाए गइल रहे। सोशल मीडिया प पोस्टर के तस्वीर वायरल होखला के बाद पुलिस ममिला के जांच शुरू कs देले बिया।

जिगोलो जॉब के पेशकश करे वाला पोस्टर के देहरादून के कोटद्वार शहर में चिपकावल गइल रहे। “प्लेबॉय जॉब्स! लइकन एस्कॉर्ट कंपनी से जुड़के रोजाना 5,000-10,000 रुपिया कमा सकत बाड़ें, “पोस्टर में व्हाट्सएप नंबर तक रहे। एह तरे के पोस्टर वायरल होते प्रशासन तुरंत एक्शन मोड में आ गइल।

333350cookie-checkVIRAL: उत्तराखंड के कोटद्वार में लागल ‘Male Escorts Requirment’ के पोस्टर, फोटो वायरल होखला बाद जांच में जुटल पुलिस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.