[the_ad_group id="30365"]

पटना में 25 अगस्त तक धारा 144 लागू; धरना-प्रदर्शन पs रोक, शिक्षक भर्ती पs हंगामा के बाद DM के फसीला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के राजधानी पटना में 23 से 25 अगस्त तक धारा 144 लागू कs दिहल गइल बा। शहर के डाकबंगला चौराहा, गांधी मैदान, बेली रोड आ बोरिंग रोड इलाका में तीन दिनन तक धरना-प्रदर्शन पs रोक रही। गर्दनीबाग के छोड़ के कवनो शहरी इलाका में धरना-प्रदर्शन के अनुमति ना दिहल जाई। सोमार के शिक्षक भर्ती के लेके भइल हंगामा के बाद प्रशासन ई फैसला लेले बा।

पटना डीएम चंद्रशेखर सिंह कहले कि शिक्षक अभ्यर्थियन पs सोमार के भइल लाठीचार्ज के ममिला में जांच जारी बा। एह संबंध में कमेटी गठित कs के जांच सुरू कs दिहल गइल बा। जांच रिपोर्ट अइला के बाद दोषियन के खिलाफ उचित कार्रवाई कइल जाई। अभ्यर्थियों से अपील बा कि ऊ उचित फोरम में आपन बात रखे लोग। संगही धरना-प्रदर्शन खातिर पहिलही से तय जगे पs प्रोटेस्ट कइल जाव। डीएम कहले कि 25 अगस्त तक गर्दनीबाग के अलावा पटना सदर अनुमंडल के कवनो इलाका में धरना-प्रदर्शन भा जुलूस के अनुमति नइखे।

शिक्षक भर्ती के लेके हंगामा

बिहार के अलग-अलग जिलन से शिक्षक भर्ती के अभ्यर्थी सोमार के राजधानी पटना पहुंचले आ नियुक्ति के मांग के लेके डाक बंगला चौराहा पs प्रदर्शन कइलें। पुलिस ओह लो के हटावे के कोसिस कइलस बाकिर ऊ लोग ना मानल। एह दौरान भारी हंगामा हो गइल आ पुलिस ओह लो के काबू में करे खातिर लाठी बरसवलस। लाठीचार्ज में कइयन गो छात्र लोग घायल हो गइल।

साभार: हिन्दुस्तान

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]