[the_ad_group id="30365"]

रांची जा रहल यात्रियन से भरल बस नदी में गिरल , 7 लोगन के मौत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

झारखंड के हजारीबाग जिला के टाटीझरिया थाना क्षेत्र के सेवाने नदी के लगे यात्रियन से भरल बस पुल से नीचे गिर गइल। एह भीषण हादसा में छव यात्रियन के मौत के खबर बा। संगही 40 से बेसी लोगन के घायल होखे के सूचना बा। बस यात्रियन के लेके गिरिडीह से रांची जात रहे। एमे सवार यात्री गुरुद्वारा में होखे वाला अरदास कीर्तन में शिरकत करे खातिर जात रहे लो।

पुल से करीब 20 फीट नीचे बस के गिरते ओकर परखच्चा उड़ गइल। देखते देखत यात्रियन में चीख पुकार मच गइल। जोरदार आवाज के साथे बस के पुल के नीचे गिरतही आसपास के लोग घटनास्थल के ओर दउर पड़ल। समाचार लिखल जाये तक अफरातफरी के माहौल रहे। हादसा एतना बड़ बा कि मरे वाला लोगन के संख्या बढ़ सकत बा। एसएसटी के एह बस के दुर्घटनाग्रस्त होखला के बाद एमे से अब तक 7 लाशन कर निकाल के एचएमसीएच में भेजल गइल बा। बतावल जा रहल बा कि दु गो यात्री अभियो बस में फंसल बा लो।

ओहिजा, रांची के खेलगांव में लालगंज के लगे सनीचर के सबेरे एगो कार तीन मोटरसाइकिल सवारन के कुचल दिहल। घटना में एगो सवार के मौके प मौत हाे गइल। खेलगांव थाना के पुलिस स्थानीय लोगन के मदद से घायलन के बेहतर इलाज खातिर रिम्स हॉस्पिटल पहुंचवले।

साभार: हिंदुस्तान

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]