[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली पुलिस कहलस- सत्यपाल मलिक के नइखे लिहल नहीं लिया हिरासत में, अपना मर्जी से समर्थकन संगे पहुंचल रहस थाना 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली के आरके पुरम में सनीचर के ओह घरी अफरा-तफरी मच गइल जब उहां हो रहल एगो खाप पंचायत से लोगन के पुलिस हटवलस।

दरअसल, एह खाप पंचायत में जम्मू-कश्मीर के पूर्व गवर्नर सत्यपाल मलिक मवजूद रहस। अइसन में ई अफवाह फइल गइल कि सत्यपाल मलिक के पुलिस हिरासत में ले लेले बिया। एकरा बाद उनकर समर्थक आरके पुरम थाना पहुंच गइल लो मीडियाकर्मियन के भारी जमावड़ा लग गइल।

एकरा बाद साउथ वेस्ट मनोज सी. ने बयान देके ई स्पष्ट कइलें कि सत्यपाल मलिक के हिरासत में नइखे लिहल गइल, ऊ खुद अपना समर्थकन के संगे थाना पहुंचल रहस।

बिना अनुमति के चलत रहे खाप पंचायत

पुलिस के मोताबिक आरके पुरम के डीडीए पार्क में खाप पंचायत चलत रहे। हालांकि एकरा खातिर पुलिस से अनुमति ना लिहल गइल रहे। अइसन में पुलिस पहुंचल आ लोगन के हटवलस।

पुलिस बतवलस कि एकरा बाद सत्यपाल मलिक अपना घरे चल गइलें आ फेर उहां से अपना समर्थकन के संगे थाना पहुंचलें। पुलिस के कहनाम बा कि हमनी के उनका के हिरासत में नइखे लिहल गइल, केहूओ थाना आ सकत बा। हमनी के उनका से कह देले बानी सs कि जब चाहीं थाना से जा सकत बाड़े। सत्यपाल मलिक दुपहरिया करीब ढाई बजे वापस घरे लवट गइलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]