[the_ad_group id="30365"]

48 घंटा के मशक्कत के बाद पकड़ल गइल पागल बंदर: छपरा में 13 लोगन के कs चुकल बा घायल, आतंक से परेसान रहे लो

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा के रसूलपुर थाना क्षेत्र के हनुमान गंज बेनौत गांव में पिछिला 15 दिनन से आतंक बनल सनकी बंदर बियफे के सांझ पकड़ल गइल। 13 लोगन के जख्मी कs के आतंक मचावे वाला बंदर के वन विभाग के टीम ग्रामीणन के सहजोग से पकड़ल गइल। ग्रामीण राहत के सांस ले रहल बा लो। विक्षिप्त बंदर के काटे से अब तक 13 लोग जख्मी हो गइल रहे। जेमे कइयन लोग के गहिराह जख्म हो गइल रहे। जिनकर इलाज छपरा सदर अस्पताल आ निजी अस्पतालन में चल रहल बा। बंदर के आतंक से डरल लोग फोन के बंदर कs के लोकेशन लेके घर से बाहर निकलत रहे लो। बियफे के सांझ के में ग्रामीण तकनीक आ जाल के माध्यम से बंदर के पकड़ल गइल। जाल में फंसल बंदर पs काबू पावे खातिर घंटन तक मशक्कत करे के पड़ल। एह दौरान बंदर कइयन लोगन के जख्मी कs देलस।

रसूलपुर थाना क्षेत्र के हनुमान गंज बेनौत में पिछिला 15 दिनन से सनकी बंदर कइयन लोगन के आपन निशाना बनवले रहे। बंदर के आतंक से लोग घर से निकलल बंद कs देले रहे। बगीचा आ गांव में घूम रहल बंदर इंसान के देखतही हमला कs देत रहे। एकरा के लेके पूरा क्षेत्र में भय व्याप्त रहे। बंदर के पकड़े खातिर पिछिला दु दिनन से स्थानीय ग्रामीण आ वन विभाग के कर्मचारी परेसान रहे लो। कवनो तरे बियफे के सांझ में बंदर जाल में उलझ गइल आ ग्रामीणन के सहजोग से वन विभाग के कर्मचारी के संगे पकड़ के लेले चल गइल लो। बंदर के उपचार के बाद जंगल में छोड़ दहल जाई।

विक्षिप्त बंदर के पकड़े में वन विभाग सारण रेंज के डीएफओ बांके पासवान, वनरक्षी शुभम सिंह, मनोरंजन सिंह समेत स्थानीय मुखिया अशोक कुमार, ब्रजेश सिंह, संजीत भारती रोहित पांडेय आदि ग्रामीण लोग अहम भूमिका निभवलस।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]