[the_ad_group id="30365"]

NEET UG 2023: बिना ट्यूशन किसान के बेटी नीट में हासिल कइली सफलता, बस्ती जिला के बढ़ल मान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

प्रतिभा संसाधन पs निर्भर ना होला। दृढ़ संकल्प आ लगन से कइल मेहनत से सफलता के राह जरूर मिलेला। इलाका के छपिया शुक्ला गांव के निवासी प्रगति त्रिपाठी एकरा के साबित क देले बाड़ी। मंगल के दिने घोषित नीट रिजल्ट में ऊ 6448वां रैंक हासिल क के सफलता के झंडा फहरा दिहले बाड़न। परिवार के खराब आर्थिक हालत के चलते प्रगति घर में स्व-अध्ययन क के इ सफलता हासिल कईले बाड़ी।

प्रगति ईडब्ल्यूएस श्रेणी में 631वां स्थान हासिल कइले बाड़ी।प्रगति के पिता रामापति त्रिपाठी पेशे से किसान हउवन आ महतारी मुद्रा त्रिपाठी घर के काम करे वाली हई। प्रगति के शुरुआती शिक्षा गाँव के आदर्श बाल विद्यालय में भइल।

जीएसएएस अकादमी से 2016 में हाई स्कूल के परीक्षा पास करे वाली प्रगति राज्य में चउथा स्थान हासिल क लेले रहली।

बतावल गइल कि पिछला साल उनुका नीट में 577 अंक मिलल रहे. लेकिन बहुत कम रहे, त उ फेर से घर में तैयारी करे लगली। अबकी बेर बढ़िया रैंक मिलल। उ कहले कि नीट के तैयारी करत घरी उ बेसिक जानकारी पs जादे ध्यान देले अवुरी इंटरनेट के मदद से जवन विषय ना समझल गईल ओकरा के समझे के कोशिश कईले।

नीट के तइयारी करे वाला विद्यार्थियन खातिर ऊ कहलन कि समय सारिणी बनाईं आ नियमित पढ़ाई करीं। उनकर बाबूजी रामापति भावुक होके कहले कि अगर पईसा रहित त उ अपना बेटी के कुछ बढ़िया कोचिंग में सिखवले रहते। उनुका सफलता पर गर्व बा।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]