[the_ad_group id="30365"]

मशरक नगर पंचायत द्वारा फेकल गइल कचरा जान लेवे के दे  रहल बा निमंत्रण

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मशरक/धर्मेंद्र कुमार सिंह: मशरक-छपरा मुख्य पथ एसएच- 90पर मशरक के कमला कोल्ड स्टोरेज के लगे सड़क किनारे फेकल गइल कचरा में आग लागल बा। आग के धुआ सड़क पs जान लेवे के आतुर दिख रहल बा। अइसन लागत बा केहू के जान ले लीं।

नगर पंचायत के लोग कहा बा। पुलिस प्रशासन के एमे जरूरी पहल करे के चाहीं। खाली दुर्घटना हो गइला के बाद मवका पs पहुच घायलन के अस्पताल पहुंचावले पुलिस के काम ना हs। अइसन ममिला में हस्तक्षेप कs के आग पs काबू पावल आ अइसन घटना ना होखे एकर बेवस्था सुनिश्चित करावलो पुलिस प्रशासन के दायित्व बनत बा।

मशरक मंडल भाजपा अध्यक्ष बीरबल प्रसाद मीडिया के माध्यम से प्रशासन के एमे हस्तक्षेप करे के मांग कइल बाड़ें। भाजपाध्यक्ष कहलें कि एह सड़क पs आये जाये वाला लोग आपन जान हथेली पs लेके आ जा रहल बा लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]