[the_ad_group id="30365"]

IPS Transfer In UP: यूपी सरकार 11 आइपीएस अफसरन के कइलस तबदला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

IPS Transfer In UP: यूपी के योगी आद‍ित्‍यनाथ सरकार सुक के दुपहरिया 11 आइपीएस अधिकारियन के तबादला कs देलस। जौनपुर के एसपी अजय साहनी के हटा दिहल गइल बा। उनका के पुल‍िस उपमहान‍िरीक्षक बनाके सहारनपुर भेजल गइल बा। ओहिजा व‍िकास दुबे कांड के बाद चरचा में आइल आइपीएस अनंतदेव के रेलवे प्रयागराज के पुल‍िस उपमहान‍िरीक्षक बनावल गइल बा।

एह अफसरन के भइल तबादला

कमलेश दीक्षित एसपी रूल्स एंड मैनुअल, शिवहरी मीना एसपी साइबर क्राइम लखनऊ, पवन कुमार के एसपी एंटी नारकोटिक्स टास्क फोर्स लखनऊ में तैनाती दिहल गइल बा।

एकरा अलावे रोहन प्रमोद बोत्रे के पुलिस अधीक्षक महिला एवं बाल सुरक्षा संगठन लखनऊ पs तैनाती दिहल गइल बा। दिनेश त्रिपाठी के पुलिस अधीक्षक 112 पs तैनात कइल गइल बा। विनीत जयसवाल के पुलिस उपायुक्त पुलिस कमिश्नरेट लखनऊ, जय प्रकाश सिंह के पुलिस अधीक्षक सुरक्षा मुख्यालय लखनऊ आ सुनीती के पुलिस अधीक्षक प्रशासन मुख्यालय बनावल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]