Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पाकिस्तान के साजिश फेर नाकाम, ड्रोन मार गिरावल गइल, पांच किग्रा हेरोइन बरामद

328

सीमा सुरक्षा बल (बीएसएफ) पंजाब के अमृतसर सेक्टर के अग्रिम सीमा चौकी रीअर कक्कड़ में सुक के एगो पाकिस्तानी ड्रोन के मार गिरावल।

ड्रोन के साथे पांच किलोग्राम हेरोइन बरामद भइल बा। बीएसएफ के जनसंपर्क अधिकारी बतवलें कि तड़के लगभग ढाई बजे सुरक्षा बल के जवान पाकिस्तान के ओर से भारतीय क्षेत्र में रीअर कक्कड़ क्षेत्र में प्रवेश करे वाला एगो ड्रोन के मार गिरावल।

ऊ बतवलें कि सबेरे तड़के क्षेत्र के तलाशी के दौरान सीमा पs लागल कंटीली बाड़ आ ज़ीरो लाइन के बीच गिरल ड्रोन बरामद भइल। जवान लोग ड्रोन के साथ बंधल पांच किलोग्राम हेरोइन  बरामद कइलें बा।

450170cookie-checkपाकिस्तान के साजिश फेर नाकाम, ड्रोन मार गिरावल गइल, पांच किग्रा हेरोइन बरामद

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.