छपरा में स्पेशल टीम के 20 दुकानन में छापेमारी: 100 किलो प्रतिबंधित प्लास्टिक जब्त, 8100 रुपिया के लगावल गइल जुर्माना

Anurag Ranjan

शहर के नगर निगम क्षेत्र में सनीचर के अधिकारियन के टीम द्वारा प्लास्टिक में समान बेचे वाला दुकानन पs छापेमारी कइल गइल। एह दौरान अधिकारी शहरी क्षेत्र के 20 दुकानन में छापेमारी कइल लो। सिंगल यूज प्लास्टिक आ थर्मोकोल से बनल सामानन के बिक्री पs पाबंदी के बादो छपरा शहर के कुछ दुकानन पs बेचल जाये के सूचना के बाद नगर निगम आ भगवान बाजार थाना के पदाधिकारियन द्वारा संयुक्त रूप से छापेमारी कइल गइल।

एह दौरान 100 किलो प्रतिबंधित प्लास्टिक के सामान जब्त कइल गइल। संगही बेचे आ उपयोग करे वालन पs 8100 रुपिया के जुर्माना लगावल गइल। एह दौरान शहरी क्षेत्र के बेयपारी हलकान रहल लो।

प्रतिबंधित प्लास्टिक के सामान के कइल गइल जब्त

छपरा नगर निगम के सिटी मिशन मैनेजर हिमांशु कुमार बतवलें कि केंद्र सरकार आ राज्य सरकार द्वारा प्लास्टिक के थैलन के उपयोग पs पाबंदी लगा दिहल गइल बा। बावजूद एकरा छपरा नगर निगम क्षेत्र के कुछ दुकानदारन द्वारा धड़ल्ले से प्रतिबंधित प्लास्टिक के उपयोग आ बिक्री कइल जा रहल बा।

जवना के सूचना मिलला पs स्थानीय पुलिसकर्मियन के सहजोग से नगर निगम क्षेत्र के दुकानन पs छापेमारी कइल गइल। जेमें प्रतिबंधित प्लास्टिक के जांच करत जुर्माना लगावल गइल।

विशेष अभियान के तहत भइल छापेमारी

छापेमारी दल द्वारा नगर निगम क्षेत्र के मौना चौक पs विशेष अभियान के तहत छापेमारी के सुरुआत कइल गइल छापेमारी में सिंगल यूज प्लास्टिक जइसे प्लास्टिक एगो बैग, थर्माकोल के कप प्लेट, प्लास्टिक के गिलास सहित कइयन सामानन के जब्त कइल गइल बा।

छापेमारी में पर्यावरण पदाधिकारी दीपक विशाल, रविशंकर, अरविंद, कम्युनिटी ऑर्गेनाइजर नितेश चौहान, नसीम आरिफ, अभिनव कुमार, सुनील यादव आ भगवान बाजार थाना के पुलिस अफसर आउर सशस्त्र पुलिस बल के अलावे निगम के कइयन कर्मी मवजूद रहे लो।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।