[the_ad_group id="30365"]

उत्तर प्रदेश: 3 IAS आ 2 IPS अफसरन के तबादला; अनिल ढींगरा होइहें गोरखपुर के कमिश्नर, फतेहपुर SP के भेजले गइल एटा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश: 3 IAS आ 2 IPS अफसरन के तबादला; अनिल ढींगरा होइहें गोरखपुर के कमिश्नर, फतेहपुर SP के भेजले गइल एटा

योगी सरकार 3 IAS आ 2 IPS अफसरन के तबादला कs देले बिया। MD जल निगम अनिल ढींगरा के गोरखपुर के नया कमिश्नर बनावल गइल बा। एकरा पहिले रवि कुमार एन गोरखपुर के कमिश्नर रहस। उनकर तबादला 09 जुलाई के कs दिहल गइल रहे। उनका के ग्रेटर नोएडा औद्योगिक विकास प्राधिकरण के CEO बनावल गइल बा।

रवींद्र कुमार सचिव नगर विकास के MD जल निगम के अतिरिक्त प्रभार सउपल गइल बा। विशेष सचिव नगर विकास उदयभान त्रिपाठी के विशेष सचिव आबकारी बनावल गइल बा। निदेशक दिव्यांगजन सत्य प्रकाश पटेल के विशेष सचिव नगर विकास बनावल गइल बा। एसपी फतेहपुर राजेश कुमार सिंह के ट्रांसफर कइल गइल बा। उनका के एटा जिला के एसएसपी बनावल गइल बा। ओहिजा एटा एसएसपी उदय शंकर सिंह के फतेहपुर के एसपी बनावल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]