[the_ad_group id="30365"]

हरियाणा के महेंद्रगढ़-सोनीपत में डूबला से सात लोग के मौत, मरे वाला में चार लइकओ शामिल, मुख्यमंत्री जतवलें दुख

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हरियाणा में गणपति विसर्जन के दौरान शुक्रवार के दू गो बड़ हादसा भइल। महेंद्रगढ़ के गांव झगड़ोली में नहर में करीब 12 लइके किशोर डूब गइलें जेहमें चार लोग के मौत हो गइल। सोनीपत में यमुना के मीमारपुर अउर बेगा घाट पर किशोर समेत चार लोग डूब गइल।

एहमें से मीमारपुर घाट पर पिता-पुत्र अउर भतीजा त बेगा घाट पर एगो दूसर भगत डूब गइलें। आदमी अउरी भतीजा के सथही युवक के शव बरामद कs लिहल गइल बा। पुलिस यमुना में डूबल किशोर के तलाश कs रहल बा।

मुख्यमंत्री मनोहर लाल हादसा में युवकन के मौत पर दुख जतवलें बानें। उ बचावल गइल लोग के जल्दी ठीक होखले के कामना भी कइलें।

उ ट्वीट कइलें – ”महेंद्रगढ़ अउर सोनीपत में नहर में गणेश विसर्जन के दौरान युवकन के मौत दिल दहलावे वाला बा। हम एह मुश्किल समय में मरे वालन के घर वालन के संगे बानें एनडीआरएफ कई लोग के डूबला से बचा लिहलस, जेके जल्दी ठीक होखले के कामना करतनीं।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]