[the_ad_group id="30365"]

सिकंदराबाद इलेक्ट्रिक स्कूटर चार्ज करत में शोरूम में लागल आग, आठ लोग के मौत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

तेलंगाना के सिकंदराबाद में सोमार देर रात बड़ हादसा हो गइल। इहां एगो इलेक्ट्रिक स्कूटर शोरूम में आग लग गईल। बतावल जा रहल बा कि घटना ओ समय भइल जब इहां इलेक्ट्रिक बाइक चार्ज कइल जात रहे। आग लगला के कारण अब ले हादसा में आठ लोग के मौत हो चुकल बा।
डीसीपी नॉर्थ जोन चंदना दीप्ति बतवली, कि पहिले छह लोग के मौत के पुष्टि भइल रहे, लेकिन दम घुटला के कारण 2 अन्य लोग के मौत सामने आईल बा। उ बतवली, अभिन तक के जांच में सामने आइल बा कि ई हादसा शॉर्ट सर्किट के वजह से भइल बा।।

पीएम मोदी जतवलें शोक

घटना पर प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी शोक जतवलें। उ कहलें, सिकंदराबाद में आग लगला से भइल आठ लोग के मौत से दुखी बानीं। शोक संतप्त परिवारन के प्रति संवेदना। घायलन के जल्दी निम्मन होखे के कामना। एकरे संगही ऊ प्रधानमंत्री राष्ट्रीय राहत कोष से मृतक के परिजन लोग के 2 लाख रुपया अउरी घायलन के 50,000 रुपया के भुगतान के एलान कइलें।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]