[the_ad_group id="30365"]

दस सेकंड ले कटलस पिटबुल नस्ल के कुत्ता: लइका के दिहलस पांच गहिर घाव, ढाई घंटा चलल सर्जरी…150 टांका लागल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गाजियाबाद के संजय नगर सेक्टर-23 के पार्क में खेलत मासूम कुश त्यागी (10 साल) के पिटबुल नस्ल के कुत्ता हमला क के बहुते घायल कर दिहले बा। कुश के सर्जरी करीब ढाई घंटा तक चलल, जवना में 150 टांका लागल। तीन दिन ले अस्पताल में भरती करावल गइल। कुतवा के हमला के वीडियो वायरल होखला के बाद गुरुवार के नगर निगम कुत्ता के मालिक संजय नगर निवासी ललित त्यागी पs पांच हजार के जुर्माना लगा देहलस।

कुश के पिता सचिन त्यागी बतवले कि 3 सितंबर के ललित के बेटी आपन कुत्ता घुमावत रहली। उ ओकरा हाथ से भाग के कुश प हमला क देहलस। लोग मुश्किल से कुश के कुकुर से अलगा कइल। सात दिन में गाजियाबाद में कुकुरन के हमला के ई तीसरा मामला बा। एकरा से पहिले राजनगर एक्सटेंशन में एगो कुत्ता लिफ्ट में एगो बच्चा प हमला क देहलस। ओकरा बाद किताब वाली गली में बच्चा के कुकुर काट दिहलस।

पिटबुल नस्ल के कुत्ता दस सेकंड तक कटलस

संजय नगर सेक्टर-23 के पार्क में एगो दस साल के बच्चा कुश त्यागी प एगो खतरनाक पिटबुल नस्ल के कुत्ता हमला क देहलस। झटका देके लइकी के हाथ से निकलल कुत्ता दस सेकंड तक बच्चा के काटत रहल। ए हमला में कुश के खून बहे लागल अउरी चेहरा से मांस ले निकल गइल। गाल, कान आ हाथ पर पांच गो गहिराह घाव रहे। एकर सर्जरी ढाई घंटा ले चलल अउरी एकरा के भरे खातिर 150 टांका लगावल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]