कृष्ण कुमार अवुरी तान्या सिंह के बेटी तिशा के एs साल जुलाई में निधन हो गईल। महीना भर बाद उनुकर महतारी एगो इमोशनल नोट शेयर कईले बाड़ी, जवना में उs अपना बेटी के निधन से जुड़ल गलतफहमी के बारे में बतवले बाड़ी। तान्या साफ कईली कि तिशा के कैंसर ना भइल रहे अवुरी उनुकरी बेटी के ‘गलत निदान’ के चलते निधन हो गईल।
तिशा के कैंसर ना रहे
पोस्ट में तान्या लिखले बाड़ी कि, ‘सच तs इs बा कि हमरा बेटी के शुरू से कैंसर ना रहे। 15 साल के उमिर में उनुका के टीका दिहल गइल, जवना से संभवतः ऑटोइम्यून रिएक्शन भइल रहे, जवना के बाद में गलत निदान भइल। हमनी के ओह घरी एकरा बारे में पता ना रहे।
तान्या इहो कहली कि उs रोज प्रार्थना करेली कि कवनो बच्चा एs निर्दयी मेडिकल जाल के शिकार ना होखे। एकरा संगे तान्या अपना बेटी के मउत के कारण अवुरी मेडिकल लापरवाही के लेके गंभीर सवाल उठवले बाड़ी। उनुका बात से साफ बा कि तिशा के मउत के लेके बहुत पहलू पs ध्यान देवे के जरूरत बा, खास तौर पs चिकित्सा प्रक्रिया में सावधान रहे के जरूरत बा।
इहो पढ़ीं: ऊनी कपड़ा के धोए खातीर अपनाई इs ट्रिक्स, लंबा समय ले नया जइसन रही