[the_ad_group id="30365"]

जम्मू कश्मीर के कुलगाम में सुरक्षाबलन के बड़ कार्रवाई, हथियारन के संगे 2 आतंकी गिरफ्तार

जम्मू कश्मीर के कुलगाम में सुरक्षाबल दुगो आतंकियन के गिरफ्तार कs लिहल लो (सांकेतिक तस्वीर)
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जम्मू कश्मीर के कुलगाम जिला में सुरक्षाबल सनीचर के रात दुगो स्थानीय आतंकियन के गिरफ्तार कइल लो। दुनो से पूछताछ कइल जा रहल बा। जानकारी के मोताबिक, सुरक्षाबलन के ओर से लोअर मुंडा के गुलाब बाग क्षेत्र में नाका लगावल गइल रहे। एह दौरान उहां से दुगो लोग गुजरल।

नाका पs तैनात जवान संदेह होखला पs ओकनी के रुके के कहल लो तs दुनो भागे लगले सs। एह पs सुरक्षाबल ओकेनी के दबोच लिहल लो। पूछताछ में दुनो स्थानीय आतंकी निकलले सs। ओकनी के लगे सs हथियारो बरामद कइल गइल बा। पुलिस अब पूछताछ में पता लगावे के प्रयास कs रहल बिया कि दुनो कवनो वारदात के अंजाम देवे तs ना जात रहलें सs।

नार्को टेरर मॉडयूल ममिला में एनआइए के हंदवाड़ा में तीन जगहन पs तलाशी

एनआइए हंदवाड़ा नार्को टेरर मॉडयूल ममिला के जांच के आगे बढ़ावत सनीचर के उत्तरी कश्मीर के हंदवाड़ा में तीन जगहन पs तलाशी कइलस। एह मॉडयूल के खुलासा 11 जून 2020 के भइल रहे। मॉडयूल के एगो सदस्य मुनीर अहमद बांडे के 20 नवंबर के गिरफ्तार कइल गइल बा।

इहो पढ़ीं: एमपी: ग्वालियर में बेखौफ चोरन के आतंक, SBI के ATM मशीन उखाड़ ले गइलें

संबंधित अधिकारी लोग बतावल कि हंदवाड़ा नार्को टेरर माडयूल से लगभग 2.5 करोड़ के नकदी आ लगभग 25 किलो हेरोइन जइसन नशीला पदार्थ आ कुछ वाहनो जब्त कइल गइल बा। एह मॉडयूल में सामिल अब्दुल मोमिन पीर, सैयद इफ्तिखार, इस्लाम उल हक, सलीम अंद्राबी आ मुनीर अहमदबांडे के अलावे गुरआल जम्मू कारहने वाला रमेश कुमार सहित लगभग एक दर्जन लोग पकड़ल गइल बा। एमे सामिल एगो आरोपित आफाक अहमद वानी सेंट्रल कोऑपरेटिव बैंक के कर्मी हs। मोमिन पीर आ सैयद इफ्तिखार सरकारी कर्मचारी रहs सs।

नार्को टेरर मॉडयूल के हिस्सा होखे के कारण एह तीनो के सरकार बर्खास्त कs देले बिया। एनआइए के टीम मुनीर अहमद बांडे, आफाक अहमद वानी आ इफ्तिखार अहमद के ठिकानन आ कार्यालयन के जांच कइले बिया। एह दौरान एनआइए कुछ दस्तावेजन के अपना कब्जा में लेले बा।

जगह-जगह सीसीटीवी लगावे के निरदेस

जम्मू सांबा कठुआ रेंज के डिप्टी इंस्पेक्टर जनरल आफ पुलिस (डीआइजी) शिवकुमार शर्मा रिंग रोड पs पुलिस के अतिरिक्त नाका लगावे आ पुलिस पेट्रोलिंग करे के निरदेस देले बाड़ें। सनीचर के विजयपुर-अखूनर रिंग रोड पs सुरक्षा बेवस्था के आकलन करे पहुंचल डीआइजी ई निरदेस देलें। ऊ पुलिस अधिकारियन से रिंग रोड पs देस विरोधी आ शरारती तत्वन के गतिविधियन पs नजर रखे खातिर जादे से जादे सीसीटीवी कैमरा लगावे के कहलें।

साभार: दैनिक जागरण

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]