जांच करे पहुंचल ईडी के टीम पs हमला, साथ में मौजूद रहे दिल्ली पुलिस, साइबर क्राइम से जुड़ल मामिला

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 28, 2024

  राजधानी दिल्ली में ईडी टीम पs हमला भइल बा. दरअसल कुछ लोग साइबर अपराध से जुड़ल मामला के जांच करे आईल ईडी टीम पs हमला कईले। बता दीं कि एह दौरान स्थानीय पुलिस भी

Share

 

राजधानी दिल्ली में ईडी टीम पs हमला भइल बा. दरअसल कुछ लोग साइबर अपराध से जुड़ल मामला के जांच करे आईल ईडी टीम पs हमला कईले। बता दीं कि एह दौरान स्थानीय पुलिस भी ईडी के संगे रहे।

आरोपी राजधानी दिल्ली में प्रवर्तन निदेशालय यानी ईडी के टीम पs हमला कईले बाड़े। दिल्ली के बिजवासन इलाका में ईडी टीम पs ई हमला कइल गइल. असल में ईडी टीम साइबर अपराध से जुड़ल एगो मामला के जांच करे आईल रहे। एह दौरान स्थानीय पुलिस भी उनुका संगे रहे। एकरा बावजूद ईडी टीम पs हमला भईल.

ईहो पढ़ी: सबेरे-सबेरे: पेट के प्रॉब्लम्स करीं दूर इs तीन गो योगासन , सामिल करीं रोजमर्रा के जिंदगी में

जानकारी के मुताबिक, आज सबेरे ईडी टीम PPPYL Cyber App Fraud case के जांच खातीर दिल्ली के बिजवासन इलाका पहुंचल रहे। इहाँ ईडी टीम पs आरोपी अशोक शर्मा अवुरी उनुका परिवार के लोग हमला कईले। एह हमला में ED के असिस्टेंट डायरेक्टर घवाहिल हो गइल बाड़न. उनुका के अस्पताल पहुंचावल गईल बा। एही बीच हमला के दौरान एगो आरोपी फरार हो गईल।

एह घटना के जानकारी पुलिस के दिहल गइल बा. दिल्ली पुलिस मौका पs पहुंच गईल बिया। स्थिति के संभाले खातिर स्थानीय पुलिस पहुंचल बिया। अधिकारी के सुरक्षा सुनिश्चित करे खातिर तत्काल उपाय कईल गईल। एकरा संगे पुलिस फरार आरोपी के तलाश शुरू कs देले बिया।

ईहों पढ़ी: झारखंड के 14 वां मुख्यमंत्री के रूप में आज शपथ लिहें हेमंत सोरेन, जानीं टाइमिंग आ डिटेल्स

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.