Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Zero Shadow Day : एह दिने ना बनेला कुछो के परछाहीं! 4 महीना बाद फेरु अइसने होई , जानि का बा एकरा पीछे राज

146

जीरो शैडो डे खगोल के एगो खास स्थिति होला , जवन 130 अक्षांश पs स्थित इलाकन में साल भर में दुइए हाली बनेला. एह दिन हरेक वर्टिकल चीज के परछाहीं गायब हो जाला . आईं जानलs जाए अब फेरू से अइसन कब होई?

जीरो शैडो ई शब्द सुनी के रवो माथा में कुछ जरूर हलचल भइल होई । हमरो भईल रहे, तs जब एकरा बारे पढ़नी तs हमरा बुझाइल की ई बाति रवा सभ से साझा जरूरे करे के चाहीं। एह से खबर भोजपुरी लेके आइल बा ई खास आर्टिकल ..

जीरो शैडो डे खगोल के एगो खास स्थिति होला , जवन 130 अक्षांश पs स्थित इलाकन में साल भर में दुइए हाली बनेला. एह दिन हरेक वर्टिकल चीज के परछाहीं गायब हो जाला . आईं जानलs जाए अब फेरू से अइसन कब होई?

कल्हे दोपहर 12.17 बजे देश सहित दुनिया के कई गो हिस्सन में अचानक सब चीजन के परछाहीं दिखल बंद हो गईल. दरअसल, ई एगो खास तरह के भौगोलिक घटना के कारण भईल. जवना के जीरो शैडो डे कहल जाला. 25 अपरील के 130 लेटीट्यूड पs स्थित सब जगहिन पs ईहे भईल. कुछ समय खातिर कवनो वर्टीकल चीज भा इंसानन के परछाईंयें बनल बंन हो गईल. पृथ्वी पs कई गो घटना कबो-कभारे होला. जईसे कि सूरूज आ चंद्रग्रहण. जीरो शैडो डे के घटनो ओहि में से एगो हs. हालांकि,अइसन स्थिति साल भर में खाली दुइये हाली बनेला.

का हs जीरो शैडो डे

कल्हे माथ के ऊपर सूरज के पोजिशन एह तरह से बनलs कि लोगन के आपन परछाहींयो दिखल बन हो गईल. एही से एह दिन के “जीरो शैडो डे” कहल जाला . ई ऊ दिन होला ,जब दिन के कवनो खास बेराs सुरुज हमनी के माथ के एकदम ऊपर आ जाला। जवना के वजह से हमनी के परछाहीं ना बनेला. एही वजह से एह स्थिति के जीरो शैडो डे कहलs जाला ।

आखिर कहां जाला परछाई?

अइसन नईखे कि एह दिन छाया बिल्कुले गायब हो जाले. दरअसल, जब सूरज ठीक हमनी के कपार के ऊपर होला , तs ओकर किरन हमनी पs लंबवत परेला. जवना वजह से हमनी के जवन परछाई होला ऊ तनी एने-ओने ना बनिके बिलकुल हमनी के पैरन के नीचे बनेला . जवना वजह से सीधा ठाड़ रहला पs कवनो परछाई दिखाई ना देला ।

सूरूज आ पृथ्वी के स्थिति

ई विशेष स्थिति, पृथ्वी के घूमे के धुरी के झुकाव के कारने बनेला. पृथ्वी, सूर्य के परिक्रमा तल के लंबवत होखे के बजाय ओकरा से 23.5 डिग्री तक झुकल होले । एही वजह से हर दिन दुपहरिया में सुरुज हमनी के माथ के ठीक ऊपर नाही आई पवेला । बाकिर, कर्क रेखा आ मकर रेखा के बीच के स्थान पs पृथ्वी पs साल में दु हाली अइसन होला , जब पृथ्वी पs सूरज के रोशनी एकदम लंबवत पडेला। यानी कर्क रेखा आ मकर रेखा के बीच के जगहिन पs साल में दू हाली जीरो शैडो डे आवेला ।

अगीला जीरो शैडो दिवस कब होई?

काल माने 25 अप्रैल के ई कारनामा बेंगलुरु सहित दुनिया के कईगो औरी हिस्सन में भईल। गौरतलब बा कि जीरो शैडो की स्थिति हर जगह ना बनेला । जीरो शैडो डे ट्रॉपिक्स के बीच के स्थानन तक ही सीमित बा। ई खाली कर्क रेखा आ मकर रेखा के बीचे में बनेला . बेंगलुरु में अगिला अइसन दिन 18 अगस्त के होई।

530710cookie-checkZero Shadow Day : एह दिने ना बनेला कुछो के परछाहीं! 4 महीना बाद फेरु अइसने होई , जानि का बा एकरा पीछे राज

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.