[the_ad_group id="30365"]

72 साल के जीनत अमान केकरा के करत बाड़ी डेट, वैलेंटाइन डे पs कइली अपने प्यार के खुलासा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिग्गज अभिनेत्री ज़ीनत अमान अपना समय के सबसे बहुप्रतिभाशाली अभिनेत्रियन में से एक रहल बाड़ी। अपना बेहतरीन अभिनय के अलावे उनुका के अपना सुंदरता खातिर भी जानल जात रहे। हालांकि 72 साल के उमिर में भी उs अपना निमन व्यक्तित्व के चलते लाखों लोग के दिल पs राज करत बाड़ी। कुछ समय पहिले ज़ीनत इंस्टा पs आपन सुरुआत कइले बाड़ी जहाँ ऊ अपना प्रशंसकन से आपन ताजा तस्वीर साझा कs के जुड़ल बाड़ी। हालही में ज़ीनत अपना हालिया पोस्ट के चलते एक बेर फेरू लाइमलाइट में आइल बाड़ी।

जान लीं कि ज़ीनत अमान केकरा से डेट कs रहल बाड़ी

असल में काल्हु वैलेंटाइन डे के मउका पs ज़ीनत अपना इंस्टा पs आपन कुछ मस्त फोटो शेयर कइली। एह सब के संगे उ बतवले बाड़ी कि उs केकरा से डेट करतारी। ए तस्वीर के शेयर करत अभिनेत्री कैप्शन में लिखले बाड़ी – ‘आजकल हम खुद डेट करतानी।’ हम उs सब काम अपना खातिर करेनी जवन कवनो साथी आपके खातीर करेला। अगर रउरा केहू अइसन ना मिल पावे जे रउरा के ओइसन प्यार कs सके जइसन रउरा हकदार बानी तs रउरा अपना से ओतने बढ़िया से प्यार कs सकीलें।’ एह दौरान ज़ीनत अपना फैंस के डेटिंग के टिप्स भी देली। अभिनेत्री इs टिप्स ओ प्रेमी के देले बाड़ी, जेकर परिवार जाति, धर्म, वर्ग अवुरी लिंग के चलते अपना साथी के पसंद नईखे करत। उ लिखली कि, ‘जदी आपके परिवार जाति, वर्ग, धर्म, लिंग चाहे अयीसन कवनो विभाजनकारी मुद्दा के चलते आपके रिश्ता के विरोध करता तs ओकरा के चुनौती दिही! लेकिन जदी उs एs कारण से आपके साथी के नापसंद करतारे तs उनुकर बात सुनी। ज़ीनत के ई पोस्ट एह घरी सोशल मीडिया पs वायरल हो रहल बा। प्रशंसकन के उनुकर टिप्स बहुते पसंद आ रहल बा।

ज़ीनत के बियाह संजय खान से भईल

बता दीं कि ज़ीनत अमान साल 1985 में अभिनेता संजय खान से चुपके से बियाह कs लेले रहली। ओह घरी संजय खान के बियाह पहिलही हो चुकल रहे, लेकिन उनुकर आकर्षण ज़ीनत के ओर रहे। फेर कुछ महीना एक दूसरा के डेट कईला के बाद संजय खान अवुरी ज़ीनत अमान के बियाह हो गईल। हालांकि बियाह के कुछ समय बाद दुनो लोग के रिश्ता खराब होखे लागल अवुरी दुनो लोग अलग हो गईले। कहल जाला कि संजय खान के बहुत खिसियाइल स्वभाव रहे। उs कई बेर ज़ीनत अमान पs हाथ उठवले रहले, जवना के चलते उनुका एगो आंख में गहिराह चोट लागल रहे। अभिनेत्री के 40 साल तक इहे समस्या होखत रहे अवुरी अब उनुका एs दरद से राहत मिल गईल बा।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]