[the_ad_group id="30365"]

गूगल देलखऽ करोड़न स्मार्टफोन यूजर्स के तोहफा, साइबर क्राइम पs लागी ‘ब्रेक’

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Google जल्दिए करोड़न यूजर्स खातिर तगड़ा सिक्योरिटी फीचर रोल आउट करे वाला बा। जवन स्मार्टफोन यूजर्स के साइबर क्राइम से बचाई। एह फीचर के फिलहाल गूगल पिक्सल आ सैमसंग गैलेक्सी के कुछ डिवाइसेज में देखलऽ गइलऽ बा।

Google Android यूजर्स खातिर तगड़ासिक्योरिटी फीचर रोल आउट कइले बा।

एह फीचर के अइला से यूजर्स अपना स्मार्टफोन में सुरक्षित वेब ब्राउजिंग कर पइहें। गूगल के इ फीचर वेब ब्राउजर में आवे वाला फर्जी लिंक्स के ब्लॉक कs दिही आ यूजर्स के साइबर फ्रॉड से बचाइ। एंड्रॉइड एक्सपर्ट मिशाल रहमान गूगल एंड्रॉइड के एह फीचर के पिक्सल आ सैमसंग गैलेक्सी स्मार्टफोन में स्पॉट कइले। जल्दिए, एह फीचर के गूगल प्ले स्टोर के जरिए दोसरो एंड्रॉइड स्मार्टफोन मे मिले लागी।

Android Safe Browsing

गूगल इ फीचर के नाम Android Safe Browsing रखले बा, जवन एंड्रॉइड स्मार्टफोन यूजर्स के सेफ यानी सुरक्षित ब्राउजिंग एक्सपीरियंस कराई। मिशाल रहमान के मुताबिक, एह फीचर के जरिए यूजर्स के लाइव थ्रेट से सुरक्षा मिली। संगे – संगे इ यूजर के कवनो सिक्योरिटी थ्रेट के बारे में आगाह करी आ फर्जी लिंक्स के एक्सेस करे से पहिले रोकी। मिशाल के कहनाम बा कि इ फीचर थ्रेट के पता लगावे में सबसे सटीक तरीका से काम करी

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]