[the_ad_group id="30365"]

‘हिंदी औरत लोग के भाषा’, युवराज के पिता योगराज सिंह के विवादित बयान, मचल बवाल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

युवराज सिंह के पिता योगराज सिंह एक बेर फेरु विवादित बयान देले बाड़े जवना से हलचल मच गईल बा। अबकी बेर योगराज हिंदी भाषा के लेके एगो बयान देले बाड़े जवन कि सुर्खियन में बा। योगराज हिंदी भाषा के औरत लोग के भाषा बतवले बाड़न.  क्रिकेटर रहल योगराज अनफ़िल्टर्ड बाय समदिश के यू-ट्यूब चैनल पs हिंदी भाषा के बारे में बयान देत कहले कि, हिंदी भाषा अयीसन लागता जईसे कवनो ‘महिला बोलतारी’ पंजाबी जइसन भाषा बोलल पसंद करे के चाहीं, जेहसे कि रउरा बोल्ड लउकीं साक्षात्कार में योगराज कहले कि, हमरा हिंदी भाषा अइसे लागत बा जइसे कवनो औरत बोलत होखे. हँs, बहुत अच्छा लागेला, जब आदमी हिन्दी बोलेला तs लागेला कि कवन आदमी के हs? हम उs अंतर देख सकत बानी।’

उs इहो दावा कईले कि महिला के घर के मुखिया ना बनावल जाए, काहेंकी उs घर के तबाह करेली’। भारतीय क्रिकेटर रहल ई खिलाड़ी एह बारे में कहले कि,”जदी आप अपना पत्नी के घर के सत्ता देब तs उs आपके घर बर्बाद कs दिही, हमरा दुख बा कि इंदिरा गांधी एs देश के चला के बर्बाद कs देली। उनुका के इज्जत अवुरी प्यार दीं, बाकिर कबहूँ ओ लोग के सत्ता मत दीं।”

योगराज सिंह के ई बयान सोशल मीडिया पs वायरल हो रहल बा. सोशल मीडिया पs लोग एकरा पs प्रतिक्रिया दे रहल बाड़े अवुरी योगराज के सोच पs भी फटकारत बाड़े। 

इहो पढ़ीं : भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ जानीं पटना के हनुमान जी के युग्म मूर्ति वाला मंदिर ‘महावीर मंदिर’, इs काहें बा खास

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]