[the_ad_group id="30365"]

UP Weather: पश्चिमी विझोभ के प्रभाव से अगिला दु दिन बरखा के संभावना, 25 जनवरी तक बनल रही सर्दी

पश्चिमी विझोभ के प्रभाव से अगिला दु दिन बरखा के संभावना
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लखनऊ : उत्तर प्रदेश में मौसम लगातार करवट बदल रहल बा। कबो दिन में खिलल घाम पारा चढ़ा रहल बा तs कबो घन कोहरा आउर बर्फीली हवा से ठंडा चरम पs पहुंच जा रहल बा। ओहिजा, पिछला दिनन भइल बरखा ठंडा में इजाफा कs देले रहे। मंगर के पूरा प्रदेश में घन कोहरा छाइल रहल, एकरा बादो पारा में इजाफा भइल। मौसम में लगातार हो रहल एह बदलाव के पीछे पश्चिमी विक्षोभन के शृंखला बा। एह कारण बुध आ बियफे के बरफा के संभावना बा। ओहिजा, सर्दी 25 जनवरी तक बनल रही।

इटावा आ मुजफ्फरनगर रहल सबसे ठंडा

मंगर के प्रदेश में सबसे कम तापमान इटावा आ मुजफ्फरनगर के रहल। दुनो जगह सात डिग्री रिकॉर्ड कइल गइल। ओहिजा, सबसे कम अधिकतम पारा गाजीपुर के 14.5 आ फतेहपुर के 14.8 डिग्री रहल। तापमान के उतार-चढ़ाव आ विक्षोभन के कारण नमी के प्रतिशत में इजाफा भइल बा। अधिकतम नमी 97 फीसदी तक आ न्यूनतम 67 फीसदी तक रहल। अधिक कोहरा के पीछे के वजह इहे रहल। एकरा चलते रात के तापमान में बढ़न्ती दर्ज कइल गइल।

25 जनवरी तक बनल रही सर्दी

मौसम विभाग के अनुसार, अभी आधा दर्जन पश्चिमी विक्षोभन के आइल-जाइल लागल रही। एह कारण कम से कम 25 जनवरी तक सर्दी बनल रही। एह दौरान कबो कोहरा छाइल रह सकत बा तs कबो राहत मिली। विक्षोभ के समय बर्फबारी आ बरखा से मैदानन में मौसम सामान्य रही, जबकि एकरा गुजरला के बाद बर्फीली हवा सर्दी बढ़ाई।

अगिला दु दिन हो सकत बा बरखा

मौसम विशेषज्ञ डॉ. एसएन सुनील पांडे बतवलें कि विक्षोभ के कारण बुध आ बियफे के बादल छइला के संभावना बा। एह दौरान हलुका से मध्यम बरखा के संभावना बा। एह दौरान तेज हवा चली। ओलावृष्टि के संभावना बा। पश्चिमी विक्षोभन के कारण फिलहाल ई दौर जारी रही।

Read Also: IndiGo के फ्लाइट में मिलल धमकी भरल चिट्ठी, कुछ अइसन लिखल रहे कि उड़ गइल सबके होश

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]