[the_ad_group id="30365"]

YouTube के नया सर्विस! केबल आ सेट टॉप-बॉक्स के होई छुट्टी, फ्री में देख सकेम पसंदीदी टीवी आ शोज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

केबल टीवी आ सेट टॉप-बॉक्स के कारोबार ओटीटी के बाद से ओइसही मंदा चलत रहे ला। ओहिजा अब YouTube एगो नया सर्विस लेके आ रहल बा, जेमे केबल टीवी आ सेट-टॉप बॉक्स के पसंदीदा टीवी आ वेब शोज के फ्री में YouTube पs देखल जा सकी। अइसन में आवे वाला दिनन में YouTube के नया सर्विस केबल टीवी आ सेट-टॉप बॉक्स के छुट्टी कs सकत बा।

फ्री में देख पाएम टीवी चैनल आ शोज

रिपोर्ट के मोताबिक YouTube के ओर से एगो नया सर्विस के टेस्टिंग कइल जा रहल बा। जेमे यूजर्स फ्री में टीवी चैनल, टीवी शोज आ मूवी के देख पाएम। बता दीं कि ई एगो ऐड सपोर्टेड वीडियो स्ट्रीमिंग सर्विस होई। अइसे में उम्मीद बा कि ऐड के माध्यम से YouTube मोट कमाई करी। YouTube के एह सर्विस खातिर कवनो तरे के सब्सक्रिप्शन नइखे लेवे के होई। अइसन में यूजर्स फ्री में टीवी चैनल देख पाई लो। बाकिर एकरा खातिर रउआ विज्ञापन देखे के पड़ सकत बा। बता दीं कि मवजूदा समय में YouTube पs ऐड जारी कइल जाला। बाकिर YouTube प्रीमियम सर्विस ऐड फ्री होला। एकरा खातिर हर महीना 129 रुपिया चार्ज कइल जाला।

YouTube देखे के बदल गइल अंदाज

एकरा पहिले YouTube पs 4K रेजोल्यूशन वीडियो देखे के सुविधा के रोलआउट कइल गइल बा। संगही इंटरफेसो में बदलाव कइल गइल बा। एह बदलाव के बाद YouTube जूम करे के सुविधा देला। YouTube के Netflix, Amazon Prime, Disney Hotstar जइसन ओटीटी ऐप्स से कड़ा चुनौती मिलत रहे। अइसन में YouTube के ओर से Netflix जइंसन ऐप्स के सामने बनल रहला खातिर अपना कंटेंट में टीवी चैनल आ टीवी शोज आ वीडियो के जोड़ल जा रहल बा।

ओइसे, हालांकि अभी साफ नइखे कि Youtube के तरफ से टीवी चैनल आ शोज के ऐड फ्री देखे खातिर कवनो सब्सक्रिप्शन चार्ज देवे के होई कि ना।

साभार: नवभारत टाइम्स

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]