नेटफ्लिक्स के को-फाउंडर रीड हेस्टिंग्स CEO के पद से देलें इस्तीफा, कहलें- ई फैसला लेवे के सही वक्त

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 20, 2023

नेटफ्लिक्स Inc के को-फाउंडर रीड हेस्टिंग्स सीईओ के पद से इस्तीफा दे देलें बाड़ें। ऊ कहलें कि ऊ लमहर समय के साथी आ को-सीईओ टेड सारंडोस आ कंपनी के चीफ ऑफरेटिंग ऑफिसर ग्रेग पीटर्स के

Share

नेटफ्लिक्स Inc के को-फाउंडर रीड हेस्टिंग्स सीईओ के पद से इस्तीफा दे देलें बाड़ें। ऊ कहलें कि ऊ लमहर समय के साथी आ को-सीईओ टेड सारंडोस आ कंपनी के चीफ ऑफरेटिंग ऑफिसर ग्रेग पीटर्स के नेटफ्लिक्स के बागडोर सउप दिहें।

हेस्टिंग्स एगो बयान में कहलें कि हाले में हमनी के कोविड के चुनौती के सामना कइले रहनी सs। एकर हमनी के बेवसाय पs गहिराह असर पड़ल रहे। ऊ कहलें कि बोर्ड आ हमार मानल बा कि अब सही समय बा कि हमरा अपना पद से इस्तीफा दे देवे के चाहीं आ हमरा अपना उत्तराधिकारी के कमान सौंप देवे के चाहीं।

जानकारी के मोताबिक कंपनी के शेयर पिछला साल लगभग 38% गिर गइल रहे। हालांकि बाद में एमे 6.1% के उछाल देखल गइल रहे। ओहिजा, स्ट्रीमिंग वीडियो पॉयनियर कहलस कि नेटफ्लिक्स पिछला साल के अंत में अपेक्षा से अधिक ग्राहकन के संभार लेले रहे। रिपोर्ट्स के मोताबिक 2022 के पहिला छमाही से नेटफ्लिक्स दबाव में बा।

हेस्टिंग्स नेटफ्लिक्स में कार्यकारी अध्यक्ष सारंडोस आ मुख्य कार्यकारी अधिकारी पीटर्स के इस्तीफा सउपिहें। कंपनी के पॉलिसी के मोताबिक उनकर इस्तीफा तुरंत प्रभावी हो जाई।दरअसल, नेटफ्लिक्स Inc के खातिर चुनौतीपूर्ण समय के बीच जुलाई 2020 में पीटर्स आ सारंडोस दुनो के प्रमोट कइल गइल रहे।

नेटफ्लिक्स कहलस कि उ चौथी तिमाही में 7.66 मिलियन ग्राहक जोड़लस। स्ट्रीमिंग कंपनी टेलीविजन दर्शकन के जोड़े के जंग में “Harry and Meghan” आ “Wednesday” के मदद से वॉल स्ट्रीट के 4.57 मिलियन के पूर्वानुमान तक के गलत साबित कs देलस।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.