Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बाल खातिर योगा : गिरत बाल रोके खातिर करीं इ व्यायाम

560

महिला होखे आ मरद, आज के आधुनिक जीवन में बाल गिरला के समस्या सभके आम बात हो गईल बा। ई समस्या आम होखे में कवनो आश्चर्य के बात नइखे, काहे कि आजकल लगभग हर आदमी के असंतुलित भोजन के आदत आ प्रदूषित वातावरण से निपटे के पड़ेला। बाकिर एह समस्या के समाधान योग से हो सकेला।

बाल खातिर योगासन से बाल गिरला के समस्या से राहत मिल सकता।

आगे झुके के सभ मुद्रा सिर में खून के संचार बढ़ावेला, जवन कि बाल के जड़ के पोषण देला। एकरे नतीजा बा कि समय के संगे आपके बाल में बदलाव महसूस होखेला। इहाँ कुछ आसन बा जवना के अभ्यास रउआ कर सकेनी। अगर रउरा बढ़िया रिजल्ट चाहीं त एह सब के नियमित अभ्यास करे के पड़ी

सुदृढ़ बालन खातिर योगासन

•अधोमुख शवासन | Adho Mukha Savasana

•उत्थान आसन |Utthanasana

•पवनमुक्तासन | Pavanmukthasana

•सर्वांगासन | Sarvangasana

•वज्रासन | Vajrasana

•अपानासन | Apanasana

 

१-अधोमुख शवासन | Adho Mukha Savasana

कुकुर के मुद्रा में झुकला से माथा में खून के संचार में सुधार होखेला आ साइनस आ सरदी में भी मदद मिलेला। एकरा से दिमाग के थकान में भी राहत मिलेला। अवसाद आ अनिद्रा भी दूर हो जाला।

२-उत्थान आसन |Utthanasana

खड़ा होके आगे झुकला से थकान आ कमजोरी दूर हो जाला। रजोनिवृत्ति में भी अयीसन कईल निमन होखेला आ एकरा से पाचन शक्ति में भी सुधार होखेला।

३-पवनमुक्तासन | Pavanmukthasana

 

सुगर कम हो जाला आ पाचन शक्ति में सुधार होखेला। कमर के नीचे के मांसपेशी मजबूत होखेला। एकरा से पेट आ कूल्ह के चर्बी भी कम हो जाला।

 ४-सर्वांगासन | Sarvangasana

इ थाइरॉइड ग्रंथि के पोषण करेला, जवन पाचन, प्रजनन आ तंत्रिका तंत्र के आराम देवेला आ ओकरा के सही तरीका से सक्रिय करेला।

५-वज्रासन | Vajrasana

एकरा के हीरा मुद्रा भी कहल जाला आ बाकी आसन के बिपरीत ई आसन खाना खइला के तुरंत बाद कइल जा सके ला। इ पेट में गैस के कम क के पेशाब के समस्या, वजन घटावे आ खाना के पाचन में मदद करेला।

 ६- अपानासन

अपना वायु से मतलब बा आपके पाचन तंत्र के प्राण चाहे ऊर्जा, जवन कि विषाक्त पदार्थ के साफ अवुरी बाहर निकाले में मदद करेला। ई योग आसन मन के स्पष्टता देला आ कब्ज से राहत देला।

 

बाल गिरले से रोके खातिर फायदेमंद प्राणायाम

 १-कपालभाति

इ प्राणायाम दिमाग के जादा ऑक्सीजन देवेला, इ तंत्रिका तंत्र खातीर फायदेमंद होखेला, इ शरीर से विषैला पदार्थ के दूर करेला आ मोटापा आ मधुमेह के इलाज करेला।

२-भस्त्रिका प्राणायाम

इ शरीर से अतिरिक्त हवा के बाहर निकालेला, पित्त आ कफ के नष्ट करेला आ शरीर आ तंत्रिका तंत्र के शुद्ध करेला।

३-नाड़ीशोधन प्राणायाम

एहसे दिल के बेमारी ठीक हो जाला। दमा, गठिया, तनाव, सिरदर्द, उदासी, आँख-कान के समस्या दूर हो जाला।

 

 

 

 

526330cookie-checkबाल खातिर योगा : गिरत बाल रोके खातिर करीं इ व्यायाम

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.