[the_ad_group id="30365"]

दुनियाभर में मनावल जा रहल बा योग दिवस : जापान में लोग छाता लगाके कइल योग, ऑस्ट्रेलिया आ चीन में स्टूडेंट्स लोग कइल आसन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दुनियाभर में आज 10वां योग दिवस मनावल जा रहल बा। न्यूज एजेंसी ANI के मोताबिक, जापान के त्सुकिजी होंगवानजी मंदिर में लोग योग कइल। इहां बरखा के बीच लोग छाता लेके योग करत नजर आइल। ऑस्ट्रेलिया के राजधानी कैनबरा में लोग योग कs के तस्वीरन के सोशल मीडिया पs पोस्ट कइलस। ओहिजा, चीन के राजधानी बीजिंग में स्टूडेंट्स लोग योग कइल।

एकरा एक दिन पहिले अमेरिका के न्यूयॉर्क में टाइम्स स्क्वायर पs 10 हजार के करीब लोग योग कइल। टाइम्स स्क्वायर पs दिनभर योग चलत रहल। न्यूयॉर्क में भारतीय वाणिज्य दूतावास बतवलस कि ऊ लोग बीतल एक महीना से अंतर्राष्ट्रीय योग दिवस के तइयारी करत रहे लो। अमेरिका में सबसे जादे योग के लेलो उत्साह न्यूयॉर्क, न्यू जर्सी, पेंसिल्वेनिया, मैसाचुसेट्स, वर्मोंट आ कनेक्टिकट में देखे के मिल रहल बा।

दूतावास बतावल कि एह साल इहां स्वयं आ समाज खातिर योग के थीम के तहत मनावल जा रहल बा। अभी अमेरिका के जादेतर इलाकन में तापमान 33°C से जादे बा, एकरा बादो लोग योग कs रहल बा।

दुनियाभर में 2014 से मनावल जा रहल बा योग दिवस

2014 में संयुक्त राष्ट्र 21 जून के दिन के अंतरराष्ट्रीय योग दिवस घोषित कइले रहे। तब से एकरा के अलग-अलग थीम पs मनावल जा रहल बा। अबकी बेर के थीम ‘योगा फॉर सेल्फ एंड सोसाइटी’ बा। पहिलका अंतरराष्ट्रीय योग दिवस के थीम रहे- सद्भाव आ शांति खातिर योग। PM नरेन्द्र मोदी के संगे चार देसन के प्रतिनिधियन सहित 35 हजार से जादे लोग दिल्ली के राजपथ पs योग के 21 आसन कइले रहे लो।

एह आयोजन में भारत के दुगो गिनीज वर्ल्ड रिकॉर्ड बनल– एगो दुनिया के सबसे बड़ योग एक संगे करे के, जेमे 35 हजार 985 लोग सामिल रहे। दूसरका 84 देसन के नेता लोगन के एक संगे भागीदारी खातिर।

पहिलका बेर 2023 में PM मोदी देस से बाहर योग दिवस मनावे न्यूयॉर्क गइल रहस। तब उहां योग दिवस के मवका पs PM मोदी के संगे न्यूयॉर्क के मेयर एरिक एडम, शेफ विकास खन्ना, संयुक्त राष्ट्र महासभा के अध्यक्ष साबा कोरोसी सहित 135 देसन के प्रतिनिधि सामिल भइल रहे लो। तब उहां आठ हजार लोग योग कइले रहे आ ई वर्ल्ड रिकॉर्ड बन गइल रहे।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]