सबेरे-सबेरे: मेमोरी बूस्टर योगासन, बढ़ावल चाहत बानी याददाश्त तs डेली रूटीन में कs लेई शामिल

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 6, 2024

  उमर बढ़ला के संगे अक्सर लोग के याददाश्त कमजोर होखे लागेला। अगर आप भी एs समस्या के शिकार होखे से बचे के चाहतानी अवुरी आपन याददाश्त मजबूत कईल चाहतानी तs आपके योग करे के

Share

 

उमर बढ़ला के संगे अक्सर लोग के याददाश्त कमजोर होखे लागेला। अगर आप भी एs समस्या के शिकार होखे से बचे के चाहतानी अवुरी आपन याददाश्त मजबूत कईल चाहतानी तs आपके योग करे के काम शुरू करे के चाही। कुछ योग आसन आपके याददाश्त में सुधार के संगे आपके एकाग्रता के शक्ति बढ़ावे में भी कारगर साबित हो सकता। अइसन कुछ योगासन के बारे में बतावत बानी जवना के रोज अभ्यास से आपके स्वास्थ्य पs बहुत सकारात्मक प्रभाव पड़ सकता। हालांकि बेहतर रिजल्ट पावे खातिर रोज एकर अभ्यास नियमित रूप से करे के पड़ी।

•रउआ वृक्षासन कs सकेनी

वृक्षासन के मदद से आप अपना याददाश्त अवुरी अपना फोकसिंग पावर में बहुत हद तक सुधार कs सकतानी। एकरा अलावे साइटिका के समस्या के स्थिति में भी एs योग के अभ्यास करे के सलाह दिहल जाला। इहे ना, वृक्षासन आपके गोड़, टखना, जांघ, घुटना अवुरी मसल्स के मजबूत कs सकता।

•गरुडासन के अभ्यास भी फायदेमंद होला

अगर बुढ़ापा में याददाश्त ना खतम होखे के चाहत बानी तs गरुडासन के भी अपना रोजमर्रा के काम में शामिल कs सकतानी। एह योग आसन के मदद से आपके मन पs सकारात्मक प्रभाव पड़ेला। एकरा अलावे गरुडासन आपके एकाग्रता शक्ति में भी बहुत हद ले सुधार कs सकता।

•बालासना कs सकेनी

अगर रउरा चाहत बानी तs बालासन के अभ्यास भी कs सकेनी। रोज बालासना कईला से आपके याददाश्त में सुधार हो सकता। अगर रउरा ई योग आसन मुश्किल लागत बा तs रउरा शवासन से शुरुआत कs सकीलें. शवासन भी आपके दिमाग के तेज करे में कारगर साबित हो सकता।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.