[the_ad_group id="30365"]

APJ Abdul Kalam Death Anniversary: बचपन में अखबार बेचत रहलें कलाम, पायलट बनल चाहत रहलें संघर्ष से बन गइले राष्ट्रपति

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

आजु भारत के 11 वां राष्ट्रपति आ वैज्ञानिक एपीजे अब्दुल कलाम के पुण्यतिथि हs। डॉ कलाम के 27 जुलाई 2015 के आईआईएम शिलांग में लेक्चर देत घरी दिल के दौरा पड़ के निधन हो गइल।  उनुका के मिसाइल मैन के नाम से भी जानल जात रहे। उनकर पूरा नाम अवुल पकिर जैनुलाब्दीन अब्दुल कलाम रहे।

बचपन में रहे संघर्ष 

डॉ. एपीजे अब्दुल कलाम के जनम 15 अक्टूबर 1931 के तमिलनाडु के रामेश्वरम में भइल रहे। उनकर बाबूजी के नाम जैनुलाब्दीन आ माई के नाम आशियम्मा रहे। उनकर बचपन बहुत संघर्ष में बीतल आ आर्थिक समस्या से उबरे खातीर अखबार बाँटे के पड़ल।

उनकर बचपन के पढ़ाई खाली रामेश्वर में भइल। एकरा बाद ऊ 1954 मेंत्रिची के सेंट जोसेफ कॉलेज से साइंस के डिग्री हासिल कइलें। 1957 में मद्रास इंस्टीट्यूट ऑफ टेक्नोलॉजी से एयरोनॉटिकल इंजीनियरिंग के पढ़ाई कइले।  डॉ कलाम भारतीय रक्षा अनुसंधान आ विकास संगठन (डीआरडीओ) आ भारतीय अंतरिक्ष अनुसंधान संगठन (इसरो) में भी काम कइलें। उs रक्षा मंत्री के वैज्ञानिक सलाहकार रहले।

कलाम पायलट बने के चाहत रहलें 

कलाम अपना बचपन में पायलट बने के चाहत रहले बाकिर अइसन ना हो सकल. एकरा बाद ऊ वैज्ञानिक बनलें आ 2002 से 2007 ले भारत के 11वां राष्ट्रपति रहलें। विज्ञान में उनकर गहिराह रुचि रहे। ऊ हमेशा विद्यार्थियन के प्रेरित करत रहले आ बड़का सपना देखे के कहत रहले. डॉ कलाम के 1981 में पद्म भूषण, 1990 में पद्म विभूषण आ 1997 में भारत रत्न से सम्मानित कइल गइल.

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]