[the_ad_group id="30365"]

मौना गड़वा सानदार मुकाबला में मगहरा के पराजित कइलस 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बरहज/अखिलेश कुमार सिंह: बरहज क्षेत्र के ग्राम पंचायत गहिला में लांस नायक शहीद उमेश यादव के इयाद में हर साल के तरे एहु साल रात्रिकालीन जिला स्तरीय कबड्डी प्रतियोगिता के आयोजन मनोज यादव आ आशिक यादव के द्वारा कइल जा रहल बा। एमे मैच के उद्घाटन विशिष्ठ अतिथि कोटेदार धनेश यादव आ मुख्य अतिथि दरोगा यादव फीता काटके कइल लो।

1984 में रामपुर जीसी में भर्ती भइल आ शहीद उमेश यादव चौदह बरिस नौकरी करत असम राज्य के जोरहाट जिला में 7वीं बटालियन में कार्यरत रहस। ड्यूटी के दौरान कैंप वापसी के बेरा 29 नवंबर 1997 के उल्फा उग्रवादियन द्वारा बम लगवला से गाड़ी हवा में उड़ गइल, जेमे ऊ शहीद हो गइल रहस। जवना से पूरा गांव आ क्षेत्र में सन्नाटा छा गइल रहे। उनका इयाद में ई कबड्डी प्रतियोगिता हो रहल बा।

मैच के रेफरी चंद्रभान यादव आ गोविन्द यादव रहल लो। मैच के कॉमेंटेटर शैलेश कुमार आ सुनील यादव रहलें। मध्यांतर के खेल तक मौना गड़वा 28–14 से आगे रहल। मौना गड़वा 51–40 से मगहरा के पराजित कइलस। जवना में मुजफ्फर शेख अकेले अपना दम पs अपना टीम खातिर 32 अंक जुटवलें।

एह मैच में रामवीर यादव, रामसमुज यादव शशांक यादव ऊर्फ लालबाबू, आदर्श कल्याण समिती उपाध्यक्ष राकेश यादव, अनिरुद्ध यादव, राजन यादव, रामसमूज, रामसकल कुशवाहा, धीरज कुशवाहा, गोलू, जनार्दन यादव, रामबाबू, आर्यावर्त, सूरज, पियूष, सतीश, अर्जुन यादव, मुकेश यादव खिलाडियन के उत्साहवर्धन कइल लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]