[the_ad_group id="30365"]

पहलवानन के आंदोलन कांग्रेस के साजिश’- बृजभूषण सिंह

Vinesh Phogat, bajrang puniya
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिग्गज पहलवान बजरंग पुनिया आ विनेश फोगाट कांग्रेस में शामिल भइले। भारतीय कुश्ती महासंघ के अध्यक्ष रहल बृजभूषण सिंह एह पर प्रतिक्रिया देले बाड़न। उऽ खिसिया के कहले कि उनका खिलाफ पहलवान के जवन आंदोलन शुरू भइल बा, उऽ कांग्रेस के साजिश हऽ। एकर पूरा पटकथा भूपेंद्र हुड्डा के लिखल हऽ। पहलवानन के आंदोलन राजनीतिक प्रेरणा से चलत रहे।

भारतीय कुश्ती महासंघ के अध्यक्ष रहल आ भाजपा नेता बृज भूषण शरण सिंह पहलवान विनेश फोगाट आ बजरंग पुनिया के कांग्रेस में शामिल होखे पs प्रतिक्रिया देले बाड़न। उऽ कहले कि इ घटनाक्रम साबित करऽता कि पहलवान के पूरा आंदोलन उनका खिलाफ कांग्रेस के पूरा साजिश रहे।

बृज भूषण कहले कि पछिला साल जनवरी में जब जंतर मंतर पs पहलवान के विरोध शुरू भइल रहे तऽ उऽ दावा कइले रहले कि इ कवनो खिलाड़ी के आंदोलन ना हऽ। एकरा पीछे कांग्रेस के साजिश बा, जवना के नेतृत्व भूपेंद्र सिंह हुड्डा कइले रहले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]