[the_ad_group id="30365"]

जुलाई महीना में थोक महंगाई दर 13.93%, जून के  तुलना में तनी-मनी राहत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देश में थोक मूल्य सूचकांक (Wholesale Price Index, WPI) पर आधारित महंगाई दर जुलाई महीना में 13.93% (अस्थायी) रहल। एहमें 2022 के जून महीना के तुलना में थोड़ी गिरावट दिख रहल बा। जून महीना में थोक महंगाई दर में बीतल वर्ष के तुलना में 15.18% प्रतिशत के उछाल दिखल रहल।

जुलाई महीना में थोक महंगाई के ई दर खासतौर पर मिनिरल ऑयल, खाद्य पदार्थों, क्रूड पेट्रोलियम अउर नेचुरल गैस, बेसिक मेटल, ऊर्जा, केमिकल अउर ओसे जुड़ल उत्पाद के कीमत में राहत के कारण रही। सरकार के ओर से मंगलवार के आंकड़ा जारी क के एह बात के जानकारी देहल गई।

पिछले पांच महीना के दौरान जुलाई में सबसे कम रहल थोक महंगाई दर 

बता देईं कि बीतल मई महीना में थोक महंगाई दर बढ़कर पिछले तीन दशक के उच्चतम स्तर 16.63% पर पहुंच गईल रहल। जुलाई 2021 में ई दर 11.57% रहल। बता देंंई कि थोक महंगाई दर लगातार 16 महीना से 10% से ऊपर बनल बा। हालांकि पिछला पांच महीना के दौरान जुलाई 2022 में थोक महंगाई के सबसे कम दर दर्ज कइल गईल बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]