Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

जुलाई महीना में थोक महंगाई दर 13.93%, जून के  तुलना में तनी-मनी राहत

765

देश में थोक मूल्य सूचकांक (Wholesale Price Index, WPI) पर आधारित महंगाई दर जुलाई महीना में 13.93% (अस्थायी) रहल। एहमें 2022 के जून महीना के तुलना में थोड़ी गिरावट दिख रहल बा। जून महीना में थोक महंगाई दर में बीतल वर्ष के तुलना में 15.18% प्रतिशत के उछाल दिखल रहल।

जुलाई महीना में थोक महंगाई के ई दर खासतौर पर मिनिरल ऑयल, खाद्य पदार्थों, क्रूड पेट्रोलियम अउर नेचुरल गैस, बेसिक मेटल, ऊर्जा, केमिकल अउर ओसे जुड़ल उत्पाद के कीमत में राहत के कारण रही। सरकार के ओर से मंगलवार के आंकड़ा जारी क के एह बात के जानकारी देहल गई।

पिछले पांच महीना के दौरान जुलाई में सबसे कम रहल थोक महंगाई दर 

बता देईं कि बीतल मई महीना में थोक महंगाई दर बढ़कर पिछले तीन दशक के उच्चतम स्तर 16.63% पर पहुंच गईल रहल। जुलाई 2021 में ई दर 11.57% रहल। बता देंंई कि थोक महंगाई दर लगातार 16 महीना से 10% से ऊपर बनल बा। हालांकि पिछला पांच महीना के दौरान जुलाई 2022 में थोक महंगाई के सबसे कम दर दर्ज कइल गईल बा।
309220cookie-checkजुलाई महीना में थोक महंगाई दर 13.93%, जून के  तुलना में तनी-मनी राहत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.