[the_ad_group id="30365"]

स्पीड-ब्रेकर बनववले के मांग पर अड़ल छात्रन के हंगामा, कइलें सड़क जाम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के छात्र बुधवार देरशाम पुरुष छात्रावास के सामने स्पीड-ब्रेकर बनावल गइले के मांग करत प्रदर्शन कइलें। गोरखपुर विश्वविद्यालय से मोहद्दीपुर जाए वाला मुख्य मार्ग के एक घण्टा ले जाम कs देहलें। एसे गाड़ियन के लमहर लाइन लाग गइल।

सड़क पर वाहन रेंगत नजर आइल। नाराज छात्र विश्वविद्यालय प्रशासन के साथ-साथ जिला प्रशासन के विरोध में नारा लगवलें। छात्रन के कहनाम बा कि स्पीड ब्रेकर न होखले के वजह से आए दिन हादसा होत रहsला।

जानकारी के मुताबिक, बुधवार के साँझ छात्रावास से निकलत एगो छात्र के वाहन ठोकर मार देहलस। एसे नाराज हो के छात्रन के हुजूम नारेबाजी करत साँझ सात बजे छात्रावास के सामने मोहद्दीपुर जाए वाले मुख्य मार्ग के जाम क देहल। छात्रावासी सड़क के दूनों तरफ ब्रेकर बनववलें के मांग पर अड़ल रहलें। छात्रन के प्रदर्शन के सूचना पर जिला प्रशासन के टीम भी मौका पर पहुंच गईल। पुलिस के टीम भी सिटी मजिस्ट्रेट के साथ आईल।

प्रशासन छात्रन के समझवलें खातिर हॉस्टल गेट पर पहुंचल। प्रदर्शन कर रहल छात्र लोग सिटी मजिस्ट्रेट से नोकझोंक भी कइल। एकरे बाद सीओ कैंट के हस्तक्षेप करे के पड़ल। सीओ कैंट छात्रनेता योगेश प्रताप सिंह के मोबाइल फोन पर एसपी सिटी से बात करवले। ऊ फोन पर छात्रन के मांग के मनले के आश्वासन देहलें।

एकरे बाद तीन सूत्री मांग से संबंधित ज्ञापन सिटी मजिस्ट्रेट के सौंप कर छात्र लोग धरना समाप्त कइल। धरने में मुख्य रूप से छात्र नेता नितेश मिश्र, गौतम यादव, आर्या यादव, करुणेश मणि त्रिपाठी, सत्येंद्र कुमार यादव, शिवम पांडेय, मनीष मणि, आशीष झा आदि मौजूद रहलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]