[the_ad_group id="30365"]

जापान के जंगल में लागल भीषण आग, बड़हन इलाका जरके भइल राख

जापान के जंगल में लागल भीषण आग
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पश्चिमी जापान के कई इलाकन में भारी आग लाग गइल बा।  जंगल में आग लगला के बाद कम से कम दु लोग घायल हो गईले अवुरी हजारों निवासी के घर छोड़े के पड़ल बा. आग लगला के चलते बहुत घर के भी नुकसान पहुंचल बा।  सैकड़न दमकलकर्मी के पहाड़ी इलाका में होखत आग के बुझावे में दिक्कत होखत बा.

पश्चिमी शहर ओकायामा, इमाबारी आ एसो के सैकड़न हेक्टेयर इलाका आग से जर के राख हो गइल बा. आग बुझावे में दमकलकर्मी हेलीकाप्टर के मदद भी लेले बाड़े।ओकायामा शहर में बहुत घर के नुकसान पहुंचल बा। माउंट कैगरा पs आग लगला से 250 हेक्टेयर (600 एकड़) जंगल जर गइल बा।  इमाबारी में आग लगला से एक दमकलकर्मी मामूली घाही हो गईल।

ओकायामा अवुरी इमाबारी में जंगल में आग लागे के संभावित कारण के रूप में जानकार सूखा मौसम अवुरी जंगल में जमीन पs गिरल सूखल पतई के जिम्मेदार ठहरवले बाड़े। पश्चिमी जापान में लागल ई आग उत्तरी जापान के शहर ओफुनाटो में जंगल में आग लगला के कुछ दिन बाद भइल बा. ओफुनाटो में लागल आग से 2,900 हेक्टेयर (7,170 एकड़) जमीन जर गईल।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]