[the_ad_group id="30365"]

सुरंग के दीवार से टकरा के पलट गईल यात्रियन से भरल बस, जम्मू-कश्मीर के बनिहाल में भइल हादसा

Jammu Kashmir Bus Accident
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जम्मू कश्मीर के बनिहाल से खतरनाक सड़क दुर्घटना के खबर आ रहल बा। इहाँ रामबन जिला में बुधवार के रात एगो बस के दुर्घटना हो गईल। जानकारी के मुताबिक इ दुर्घटना नवयुग सुरंग के भीतर भईल। नवयुग सुरंग के भीतर दीवार से टकरा के यात्री से भरल बस पलट गईल। अब ले के मिलल जानकारी के मुताबिक एs दुर्घटना में 12 लोग घाही हो चुकल बाड़े। सभे के इलाज खातीर अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा।

दुर्घटना कईसे भईल?

असल में जम्मू-कश्मीर के रामबन जिला में बुध के रात मे इs हादसा भईल। अधिकारी लोग के दिहल जानकारी के मुताबिक इs बस जम्मू से श्रीनगर जात रहे। रास्ता में बस काजीगुंड-बनिहाल सुरंग के दीवार से टकरा के पलट गईल। एह हादसा में 12 लोग घायल हो गइल बा आ ओह लोग के इलाज खातिर काजीगुंड अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: हाई ब्लड प्रेशर में कारगर होला, इs तीन गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]