[the_ad_group id="30365"]

World Senior Citizens Day : 21 अगस्त के विश्व वरिष्ठ नागरिक दिवस काहे मनावल जाला?

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

विश्व वरिष्ठ नागरिक दिवस हर साल 21 अगस्त के मनावल जाला। आज के दिन घर के बुजुर्ग लोग के एहसास करावेला कि ऊ लोग हमनी पs बोझ नइखन। बल्कि उहे माली जवना सुन्दर बगइचा में रउआ खिलल बानी ओकरा के पानी देके एतना सुन्दर बना देले बा।

विश्व वरिष्ठ नागरिक दिवस के आयोजन कइल गइल। आज पूरा दुनिया में विश्व वरिष्ठ नागरिक दिवस मनावल जा रहल बा। असल में ई दिन दुनिया भर के बुजुर्गन के सम्मानित करे आ ओह लोग के खास महसूस करावे खातिर होला। हालांकि सीनियर सिटीजन के रोज इज्जत होखेला, बाकी ए खास दिन उनका के एहसास करा दिहल जाला कि ऊ हमनी पs कवनो बोझ नईखन। बलुक उहे माली जवना सुन्दर बगइचा में रउआ खिलल बानी ओकरा के पानी देके एतना सुन्दर बना देले बा।

एह खास दिन ओह लोग के याद दिआवे के कोशिश कइल जाला कि हमनी के कोशिश कइला पर ओह लोग के लइकन के गोड़ पर खड़ा करावे खातिर जतना मेहनत कइले बा ओकर कर्जा हमनी ना चुका सकेम सs । आजकल लोग अपना घर के बड़ लोग के बतावे के कोशिश करेला कि हमनी के माथा पs राउर हाथ केतना जरूरी बा आ एकरा से हमनी के केतना आराम मिलेला।

एकरा के 14 दिसंबर 1990 के मनावे के घोषणा भइल रहे ।

संयुक्त राष्ट्र महासभा 14 दिसंबर 1990 के एह दिन के मनावे के घोषणा कइले रहे। अंतर्राष्ट्रीय वरिष्ठ नागरिक दिवस पहिला बेर 1 अक्टूबर 1991 के मनावल गइल। अमेरिका में राष्ट्रपति रोनाल्ड रेगन 19 अगस्त 1988 के एह प्रस्ताव पर हस्ताक्षर कइलें आ अमेरिका में पहिली बेर 21 अगस्त 1988 के अंतर्राष्ट्रीय वरिष्ठ नागरिक दिवस मनावल गइल। रोनाल्ड रेगन पहिला व्यक्ति रहले जे वरिष्ठ नागरिक दिवस के शुरूआत कइले रहले ।

जदी बुजुर्ग लोग के दिहल सुविधा के बात करीं तs हर देश के सरकार अपना वरिष्ठ नागरिकन के विशेष ध्यान राखेले । एकरा संगे-संगे पेंशन के भी इंतजाम कइल गइल बा कि बुजुर्ग केहु पs निर्भर ना रहस। जानकारी के मुताबिक 60 साल से ऊपर के हरेक नागरिक के सब सरकारी सुविधा के हकदार बा।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]