Varanasi: उस्ताद बिस्मिल्लाह खां के मकबरा पऽ BJP नेता चढ़वले अकीदत के फूल, संगीत प्रेमी लो दिहल श्रद्धांजलि

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 21, 2024

बुध का दिने शहनाई के उस्ताद बिस्मिल्लाह खान के 18वीं पुण्यतिथि पs अकीदात भेंट कइल गइल। एह दौरान भाजपा नेता सैयद जफर इस्लाम बिस्मिल्लाह खान के पुष्प श्रद्धांजलि अर्पित कइलन। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के प्रतिनिधि

Share

बुध का दिने शहनाई के उस्ताद बिस्मिल्लाह खान के 18वीं पुण्यतिथि पs अकीदात भेंट कइल गइल। एह दौरान भाजपा नेता सैयद जफर इस्लाम बिस्मिल्लाह खान के पुष्प श्रद्धांजलि अर्पित कइलन। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के प्रतिनिधि के रूप में इहाँ भाजपा के नेता मौजूद रहले।

एकरा अलावा शहनाई बादशाह के प्रशंसक कब्र पs माला लगा के खिराजे अकिदात भेंट कइले। पुण्यतिथि पs कुरान ख्वानी के साथे हनुमान चालीसो के पाठ कइल गइल।

उस्ताद बिस्मिल्लाह खान फाउंडेशन के बैनर तले दरगाह फतमान इस्थित उनका कब्र पs सुबह 11 बजे से अकीदात पेश करे के प्रक्रिया शुरू भइल। उस्ताद के पुण्यतिथि पs उनकर प्रशंसक, कलाकार आ संगीत प्रेमियो पहुंचले।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.