Covid-19 Origin: पता चल गइल…वुहान के लैबे में बनल रहे कोरोना वायरस, अमेरिका के ऊर्जा विभाग बतवलस मय घटना

Sudhir Kumar Mishra

रिपोर्ट में कहल गइल बा कि कोविड -19 वायरस संभवत: एगो चीनी प्रयोगशाला में भईल दुर्घटना के माध्यम से फइलल रहे। एकरा से पहिले FBI ईहे निष्कर्ष निकलले रहे कि 2021 में चीन में एगो प्रयोगशाला के रिसाव के चलते कोरोना वायरस महामारी के उत्पति भईल रहे।

दुनिया भर में कोरोना के कहर केहू से छिपल नइखे। भले कई गो देश एकर वैक्सीन बनावे में सफलता हासिल कई लेले होखस , बाकिर आजो कोरोना के एकहु ममिला स्वास्थ्य एजेंसियन के चिंता के बढ़ा देला। दुनियाभर के जांच एजेंसियन के मानना ईहे बा कि कोरोना के उत्पत्ति चीने  में भईल रहे। दावा कइल जाला कि  कि चीन के वुहान लैब में ई वायरस बनावल गइल रहे।  दुनिया भर में एह वायरस के तबाही मचवाला के बाद दुनिया भर के तमाम एजेंसी एह वायरस के उत्पति के बारे में पता लगावे खातिर लगातर रिसर्च पs रिसर्च कईली सs आ एह मय रिपोर्ट में दुनिया भर के एजेंसीयन  के ओर से जवन पब्लिक में आइल ओह से सभकर इहे मत बा कि ई वायरस चीन के वुहान स्थित लैब से रिसाव के चलते भईल रहे।

हालांकि, चीन इन आरोपों को लगातार खारिज करता रहा है। उसका कहना है कि यह वायरस उसकी लैब में नहीं बना, बल्कि बाहर से आया। हालांकि, कई जांच एजेंसियों ने ऐसे कई सबूत पेश किए, जिससे पूरा शक चीन पर ही जाता है।

हालांकि, चीन एह कुल्ही आरोपन के लगातार खारिज करत आ रहल बा । ओकर कहनाम बा किई वायरस ओकरा लैब में नइखे बनल, बलुक बहरी से आइल बा। हालांकि, कई गो जांच एजेंसियन के द्वारा अईसन कई गो सबूत पेश कईल गईल, जवना से पूरा शक चीने पs जाला।

अब भईल नाया खुलासा 

कोरोना के लेके अमेरिका के ऊर्जा विभाग एगो नया खुलासा कइले बा। ऊर्जा विभाग  कहले बा कि सबसे बेसी संभावना एह बात के बा कि कोरोना वायरस चीन के एगो प्रयोगशाला से उत्पन्न भईल बा। वॉल स्ट्रीट जर्नल में प्रकाशित रिपोर्ट में कहल गइल बा कि ऊर्जा विभाग के निष्कर्ष नई खुफिया जानकारी के परिणाम बा आ एह से महत्वपूर्ण  बा काहें कि एजेंसी के लगे बहुते वैज्ञानिक विशेषज्ञता बा। ऊर्जा विभाग के रिपोर्ट के वर्गीकृत खुफिया रिपोर्ट के माध्यम से अधिसूचित कइल गइल बा, जवना के हाले में व्हाइट हाउस आ कांग्रेस के प्रमुख सदस्यन के सऊंपल गइल।

वुहान लैब में दुर्घटना के परिणाम हs कोरोना वायरस

रिपोर्ट में कहल गइल बा  कि ऊर्जा विभाग पहिले वायरस के उत्पत्ति के बारे में अनिश्चित रहे। हालांकि, नेशनल इंटेलिजेंस एवरिल हैन्स कार्यालय के निदेशक द्वारा 2021 के एगो दस्तावेज बतावाल गइल बा कि कईसे खुफिया समुदाय के अलग-अलग हिस्सन के ओर से महामारी के उत्पत्ति के बारे में अलगा-अलगा निर्णय लिहल गईल बा । रिपोर्ट में कहल गइल बा कि कोविड -19 वायरस संभवत एगो चीनी प्रयोगशाला में दुर्घटना के माध्यम से फइलल रहे। एह से पहिलहूँ FBI ईहे निष्कर्ष निकलले रहे कि 2021 में चीन में एगो प्रयोगशाला रिसाव के चलते कोरोना वायरस महामारी के उत्पति भईल रहे। एजेंसी अभीयो अपना दृष्टिकोण पs कायम बिया।

पहिला बेर वुहान में भईल रहे वायरस के पुष्टि

2019 के अंत में पहिल हाली कोरोना वायरस के पुष्टि चीनी शहर वुहान में भईल रहे। एकरा बादे से एकरा उत्पत्ति खातीर चीन के शक के नजरन से देखले जाला । दअअसल, चीन पs पहिलहुँ एह तरे के प्रयोग करे के आरोप लागत रहल बा । हालांकि, चीन हर बेर एह आरोपन के सिरा से खारिज कइले बा। चीन के कहनाम बा कि ई  वायरस बहरी से आइल रहे, भा फेरू जानवरन से मानवन में आइल। हालांकि, एह बात के पुष्टि अभी ले नईखे भईल आ नू चीन एह तरे के कवनो रिपोर्ट भा डाटा दुनिया के सोझा अभी तक ले नईखे राख पवले।
Share This Article