[the_ad_group id="30365"]

Zombie Drug: एह दवा के असर से जॉम्बी बन रहल बा लोग! अमेरिका के कईगो शहरन में बढ़ल खतरा, सरकार चिंता में

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अक्सरहाँ  हॉलीवुड फिल्मन में रवा सभ  देखले होखब , जवना  में लोग कवनों  रहस्यमयी वायरस के संपर्क में आई के  जॉम्बी बन जालें आ  भूत-प्रेत जइसन लउके  लागेले । अब अइसन  हकीकतो में हो रहल बा । दरअसल अमेरिका में एगो  नाया  ड्रग के इस्तेमाल से लोगन के देहीं के चमडा  सड़ रहल  बा आ उ लोग जॉम्बी नियन लउके लागल बा। बड़हन  संख्या में लोगन के एह ड्रग के असर से मउत हो रहल बा । अमेरिका के कई गो शहरन  में एह  ड्रग के  इस्तेमाल बढ़ रहल बा , जवना से  ओहिजा  के सरकार चिंतित बिया ।

 

का हs जॉम्बी ड्रग Xylazine

बता दिहीं कि अमेरिका में जाइलाजाइन नाव के एगो दवाई के इस्तेमाल बढ़ रहल बा । आमतउर पs एह दवाई  के इस्तेमाल जानवरन पs कइल  जाला , जवना से  जानवरन के बेहोश करे में मदद मिलेला । बाकिर अमेरिका के कई गो  शहरन में नवहा लोग भी एह दवाई  के बतौर ड्रग इस्तेमाल कर रहल बा  आ एकरा से उ लोग के भी बेहोशी जइसन  नींद आईल , सांसन के  धीमा हो गईला के समस्या हो रहल बा । बेर-बेर एह  ड्रग के इस्तेमाल करे वाला  भा फेरु  बेसी डोज  लेबे वाला  लोगन  के मउतो  हो रहल बा | एकरा साथहीं   एह ड्रग के इस्तेमाल से लोगन के चमडा तक ले  सड़ रहल बा  आ उ लोग देखे में एकदम  जॉम्बी जइसन बाड़े ।

 

दरअसल एह ड्रग के साइड इफेक्ट से पीड़ित लोगन के देहिं पs घाव हो रहल बा आ अगर एह पs ध्यान ना दिहल जाऊ तs एहसे त्वचा के कोशिका मुअला अस हो जात बाड़ी सs । अइसना में ओह घाव से भरल अंग के काटे के पर जा रहल बा | कई हाली एह  दवाई के असर से आदमी लमहर समय तक अर्द्ध बेहोशी के हालत में रहता, जवना ओकरा सड़क हादसा  के चपेट में आवे  भा फेरु  यौन शोषण होखला के खतरा  बढ़ जात बा । जाइलाजाइन के फेनटानिल के संगे मिलाई के  ट्रैंक डोप तइयार  कईल जा रहल बा  , जवना से  नशा  के तउर पs  नवहा लोगन द्वारा इस्तेमाल कईल  जा रहल बा । चिंता के बाति इ बा कि ई ट्रैंक डोप अमेरिका के  सड़कन पs आराम से  मिल जा रहल बा ।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]