जनवरी 2023 में होखे आला पहिला अंडर-19 महिला क्रिकेट विश्व कप टी-20 फॉर्मेट में खेलल जाई। आईसीसी के सीईओ ज्योफ अलार्डिस एकर घोसना मंगर के कइले। ऊ इहो कहले कि अगिलका चक्र 2024 से 2027 के मेजबानन के पुष्टि जुलाई 2022 में कइल जाई। पहिले अंडर-19 विश्व कप के आयोजन जनवरी 2021 में होखे आला रहे, बाकिर कोरोना महामारी के चलते ई दिसंबर 2021 ले टाल दिहल गइल रहे।
महिला क्रिकेट: अन्डर 19 महिला विश्व कप टी-20 फॉर्मेट में

सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव।
परिचे-
एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव [email protected] पs मेल करीं।