[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली विमेंस प्रीमियर लीग के फाइनल में : आखिरी लीग मैच में गुजरात जायंट्स के 7 विकेट से हरवलस, शेफाली वर्मा के फिफ्टी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली कैपिटल्स विमेंस प्रीमियर लीग के सीजन-2 के फाइनल में जगह बना लेले बा। टीम आखिरी लीग मुकाबला में गुजरात जायंट्स के सात विकेट से हरवलस। एह जीत के बाद दिल्ली में पॉइंट्स टेबल में टॉप पोजिशन हासिल कइलस।

अरुण जेटली मैदान पs गुजरात टाइटंस टॉस जीतके पहिले बल्लेबाजी करत 20 ओवर में नौ विकेट पर 126 रन बनवलस। जवाब में दिल्ली कैपिटल्स 13.1 ओवर में तीन विकेट खोके 129 रन बनावत जीत हासिल कइलस। ओपनर शेफाली वर्मा प्लेयर ऑफ द मैच चुनल गइली। ऊ 37 बॉल पs 71 रन के आतिशी पारी खेलली।

बेंगलुरु-मुंबई के विजेता से खिताबी मुकाबला

दिल्ली के टीम के खिताबी मुकाबला 17 मार्च के एलिमिनेटर के विजेता टीम से अरुण जेटली स्टेडियम में होई। एलिमिनेटर मुकाबला 15 मार्च के रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु आ डिफेंडिंग चैंपियन मुंबई इंडियंस के बीच एही मैदान पs खेलल जाई।

दिल्ली में आठ में से छह मैच जीतके 12 अंकन के संगे टॉप पोजिशन हासिल कइलस। जबकि डिफेंडिंग चैंपियन मुंबई इंडियंस 8 में से 5 जीत के संगे 10 अंक हासिल कs सकल आ दूसरका नंबर पs रहल। बेंगलुरु चार जीत आ चार हार के संगे आठ अंक हासिल करत तीसरका स्थान हासिल कइलस।

लेनिंग-कैप्सी जल्दी आउट, शैफाली-रोड्रिग्ज संभरले

127 रन के टारगेट चेज करे उतरल दिल्ली के सुरुआत खराब रहल। टीम चउथा ओवर में 31 रन के स्कोर पs दु विकेट गंवा देले रहे। इहां कप्तान मेग लेनिंग 18 आ एलिस कैप्सी शून्य पs पवेलियन लवट गइली। अइसे में ओपनर शेफाली वर्मा जेमिमा रोड्रिग्ज के संगे मिलके पारी के जीत के दहलीज तक पहुंचा दिहल।

शेफाली 71 रन बनाके आउट भइल तब ले टीम के स्कोर 125 रन हो चुकल रहे। जेमिमा नाबाद 38 रन के जोगदान देली। गुजरात के ओर से तनुजा कंवर के दुगो सफलता मिलल, शेष गेंदबाज खाली हाथ रहल लो।

गुजरात लगातार विकेट गंववलस, बड़ स्कोर ना बना सकल

टॉस जीतके बल्लेबाजी करे उतरल गुजरात जायंट्स के सुरुआत अच्छा ना रहल। टीम पहिला ओवर में एक रन के स्कोर पs कप्तान बेथ मूनी के विकेट गंववलस। ऊ खाता ना खोल सकली। सुरुआती 10 ओवर में टीम लगातार विकेट गंववलस। एक समय टीम के स्कोर 48/5 रहे।

अइसन में भारती फूलमाली 42 आ कैथरीन ब्राइस नाबाद 28 रन बनाके टीम के स्कोर 100 पार करवलस। निचला क्रम के बल्लेबाज खास प्रदर्शन ना कs सकल लो। टीम के 10 में से सात बैटर दहाई के आंकड़ा तक ना पार कs सकल लो। दिल्ली के ओर से मारिजैन कैप, शिखा पांडे आ मिन्नु मनी दु-दु विकेट लेलें। एक विकेट जेस जोनासन के हिस्से आइल।

दुनों टीमन के फुल स्क्वॉड

दिल्ली कैपिटल्स: मेग लेनिंग (कप्तान), जेमिमा रोड्रिग्ज, एलिस कैप्सी, अरुंधति रेड्डी, जेस जोनासेन, लौरा हैरिस, मारिजैन कैप, मिन्नु मनी, पूनम यादव, राधा यादव, शेफाली वर्मा, शिखा पांडे, स्नेहा दीप्ति, तानिया भाटिया, तितास साधु, एनाबेल सदरलैंड, अपर्णा मंडल आ अश्वनी कुमारी।

गुजरात जायंट्स: बेथ मूनी (कप्तान), एश्ले गार्डनर, दयालन हेमलता, हरलीन देओल, लौरा वोल्वार्ट, शबनम शकील, स्नेह राणा, तनुजा कंवर, फीब लिचफील्ड, मेघना सिंह, तृषा पूजिता, सयाली सथगरे, प्रिया मिश्रा, ली ताहुहू, कैथरीन ब्राइस, मन्नत कश्यप, तरन्नुम पठान आ वेदा कृष्णमूर्ति।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]