[the_ad_group id="30365"]

बेटा संगे नदी में कूदल माई: ऑटो से उतरके महिला लगवलस छलांग, देखत रह गइल सब लोग, दुनो के मौत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देवरिया के बरहज क्षेत्र के कपरवार इस्थित उग्रसेन सेतु से बुध के एगो महिला लईका के संगे नदी में छलांग लगा देलस। सूचना पs पुलिसो पहुंच गइल। बोट आदि के माध्यम रेस्क्यू कs के करीब एक घंटा के कोसिस के बाद मां-बेटा के शव बाहर निकालल जा सकल। महिला के पहचान  बढ़या के फुलवरिया गांव निवासी सत्यप्रकाश के पत्नी वर्षा (30) आ ओकर आठ साल के बेटा रूद्रांश के रूप में भइल। पुलिस शव के कब्जा में ले लेलस।

साभार: अमर उजाला

दुपहरिया के करीब एक बजे एगो महिला अपना लईका के संगे ऑटो से पुल पs पहुंचल। प्रत्यक्षदर्शियन के मोताबिक, ऊ पुल पs ऑटो रोके खातिर कहलस। चालक जब तक कुछ समझित वर्षा लईका के संगे ऑटो से नीचे उतरके नदी में छलांग लगा देलस। राप्ती नदी में महिला के कूदत कुछ लोग देख लेलस आ शोर मचावल। सूचना पs सहयोगी के संगे कांस्टेबल धीरज पहुंच गइलें।

पुलिस स्थानीय गोताखोरन आदि के मदद से पानी में बह रहल दुनो के बाहर निकलववलस। बाकिर दुनो के मौत हो चुकल रहे। वर्षा आ ओकर बेटा रुद्रांश के मौत के जानकारी होखला पs मायका के कपरवार पूरब टोला निवासी जनार्दन मिश्र के परिजन आ ससुराल वाला लोग मवका पs पहुंच गइल। लोगन के मोताबिक वर्षा लगभग 10 दिन से मायका में रहे। ऊ दिमाग से अस्वस्थ बतावल जा रहल बिया। इंस्पेक्टर कपिल देव चौधरी बतवलें कि दुनो के शव के कब्जा में ले लिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]