[the_ad_group id="30365"]

Wimbledon Final 2023: 20 साल के कार्लोस अल्कारेज बनले विम्बलडन के नया बादशाह, जोकोविच के हराके जीतले दूसरका ग्रैंड स्लैम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

विम्बलडन कार्लोस अल्कारेज ने विम्बलडन चैम्पियनशिप के एकल खिताब जीतले बा। अंतिम मैच में भइल स्पेनिश खिलाड़ी अल्कारेज सर्बियाई के दिग्गज नोवाक जोकोविच के पांच सेट के मैच में हार गइलन। अल्कारेज़ के करियर में ई दुसरका ग्रांड स्लैम खिताब रहल। स्पेन के कार्लोस अल्कारेज़ विंबलडन चैम्पियनशिप 2023 में पुरुष एकल खिताब जीत लिहले बाड़न।अतवार (16 जुलाई) लंदन में खेलल गइल आखिरी मैच में विश्व नंबर एक खिलाड़ी अल्कारेज़ वरीयता प्राप्त सर्बिया के नोवाक जोकोविच के 1-6, 7-6 (6), 6-1, 3-6, 6-4 से हरा दिहलन। दुनो खिलाड़ी के बीच इ मैच 4 घंटा 42 मिनट ले चलल।

19 बरीस के कार्लोस अल्कारेज के करियर के यदूसरा ग्रैंड स्लैम खिताब ह। एहसे पहिले अल्कारेज़ पिछला साल नार्वे के कैस्पर रुड के हरा के यूएस ओपन के खिताब जीतले रहले। दोसरा तरफ नोवाक जोकोविच के 24वां ग्रैंड स्लैम खिताब जीते के सपना चकनाचूर हो गइल। अगर नोवाक एह मैच में जीत गइल रहित त पुरुष सिंगल्स में सबले बेसी विम्बलडन खिताब जीते के मामिला में ऊ रोजर फेडरर के बराबरी कs लेत। फेडरर आठ बेर विम्बलडन के ट्रॉफी जीतले बाड़न।

मैच के पहिला सेट पूरा तरह से जोकोविच के नाम पs भइल। ऊ स्पेनिश खिलाड़ी के महज एक मैच जीते के मौका दिहलन। फेर अल्कारेज दुसरका सेट में जबरदस्त वापसी कइलन आ सेट के टाईब्रेकर ले चहुँपा पवले। टाईब्रेकर में नोवाक के गलती के फायदा उठावत अल्कारेज़ मैच में 1-1 से बराबरी कs दिहलन। एकरा बाद अल्कारेज तीसरा सेट 6-1 से जीत लिहले।

नोवाक भी हार माने वाला रहले अवुरी चउथा सेट जीत के उ मैच 2-2 से बराबर क देले। फेर पाँचवा आ आखिरी सेट के तिसरका गेम में अल्कारेज़ जोकोविच के सेवा तूड़ दिहलन जवन आखिर में निर्णायक साबित भइल। एह मैच में नोवाक आ अल्कारेज दुनु जने 5-5 मौका पs एक दोसरा के सर्विस तूड़ दिहले।

सेमीफाइनल मैच में कार्लोस अल्कारेज़ तिसरका वरीयता प्राप्त दानिल मेदवेदेव के हरा दिहलन। मेदवेदेव पs अल्कारेज़ सीधा सेट 6-3, 6-3, 6-3 से जीत लिहले। एकरा साथे ही नोवाक जोकोविच सेमीफाइनल में आठवीं वरीयता प्राप्त इटली के यानिक सिनर के 6-3 6-4 7-6 से हरा के खिताबी मुकाबला में जगह बना लिहले।

सबसे जादा ग्रैंड स्लैम (पुरुष सिंगल्स)

1. नोवाक जोकोविच (सर्बिया) – 23 (ऑस्ट्रेलियन- 10,

फ्रेंच-3, विम्बलडन-7, यूएस-3)

2. राफेल नडाल (स्पेन)- 22 (ऑस्ट्रेलियन-2,

फ्रेंच-14, विम्बलडन-2, यूएस-4)

3. रोजर फेडरर (स्विट्जरलैंड)- 20 (ऑस्ट्रेलियन -6,

फ्रेंच-1, विम्बलडन-8, यूएस-5)

4. पीट सैम्प्रास (अमेरिका) – 14 (ऑस्ट्रेलियन-2,

फ्रेंच- 0, विम्बलडन -7, यूएस-5)

सबसे जादा ग्रैंड स्लैम फाइनल (पुरुष सिंगल्स)

34- नोवाक जोकोविच

31- रोजर फेडरर 30- राफेल नडाल

19- इवान लेंडल

18- पीट सम्प्रास

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]