Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बजरंग-विनेश के एशियन गेम्स में डायरेक्ट एंट्री: एडहॉक कमेटी ट्रायल से छूट देलस; आउर रेसलर्स विरोध में आइल लो, कहल लो- कोर्ट जायेम सs

650

धरना-प्रदर्शन करे वाला ओलिंपिक मेडलिस्ट बजरंग पूनिया आ विनेश फोगाट के हांगझोउ में होखे जा रहल एशियन गेम्स में डायरेक्ट एंट्री मिल गइल बा। अब ओह लोगन के चयन ट्रायल में हिस्सा ना लेवे के होई, जबकि जंतर-मंतर मैदान पs प्रदर्शन करे वाला आउर चार रेसलर्स के 22-23 जुलाई के दिल्ली के केडी जाधव स्टेडियम में होखे वाला ओपन ट्रायल में हिस्सा लेवे के होई।

WFI के एडहॉक कमेटी के मेंबर भूपेंदर सिंह बाजवा कहलें, ‘हम सब श्रेणियन में ट्रायल आयोजित करिहें, बाकिर पुरुषन के फ्रीस्टाइल 65 किग्रा आ महिला लोगन के 53 किग्रा में विजेता लोगन के स्टैंडबाय के रूप में रखल जाई।’ एह कैटेगरियन से बजरंग आ विनेश भारतीय टीम के प्रतिनिधित्व करी लो, जबकि ट्रायल जीते वाला रेसलर्स स्टेंड बाय रही लो। आउर पहलवान एकर विरोध कइले बा लो आ कोर्ट जाये के धमकी देले बा लो।

एड हाॅक पैनल बजरंग पूनिया आ विनेश फोगाट के नाम ट्रायल के लिस्ट में रखल गइल बा। बाकिर पैनल के सदस्य अशोक गर्ग पीटीआई के बतवलें कि दुनो पहलवानन के ट्रायल से छूट गइल  बा।

कमेटी ई फैसला काहे लेलस…?

एडहॉक कमेटी पहिले धरना प्रदर्शन करे वाला 6 रेसलर्स खातिर अलग से ट्रायल कराने वाला रहे, जवन 8-10 अगस्त के बीच होखे के रहे। एकरा खातिर IOA OCA से नाम भेजे के आखिरी तारीख 5 अगस्त तक बढ़ावे के मांग कइले रहे, एशियाई ओलंपिक परिषद (OCA) नाम भेजे के अंतिम तरीख पs आउर रियायत देवे से इंकार कs देलस।

एह कारण एडहॉक कमेटी के 22-23 जुलाई के ट्रायल करावे के पड़ रहल बा, काहेकि 23 जुलाई नाम भेजे के अंतिम तारीख बा। एकरा पहिले, OCA आखिरी तारीख (15 अगस्त) पs एक हफ्ता के मोहलत देले रहे।

बिदेस में प्रैक्टिस कs रहल बा लो बजरंग आ विनेश

धरना पs बईठल 6 पहलवान एशियन गेम्स खातिर बिदेस विदेश में प्रैक्टिस कs रहल बा लो। बजरंग, जितेंदर, संगीता किर्गिस्तान में बा लो, जबकि विनेश रैंक-4 के टूर्नामेंट खेले हंगरी गइल बाड़ी, जबकि साक्षी मलिक आ सत्यव्रत कादियान अमेरिका में तइयारी कs रहल बा लो।

बजरंग-विनेश के डायरेक्ट एंट्री के विरोध में पहलवान

कुछ पहलवान बजरंग पूनिया आ विनेश फोगाट के एशियाड में डायरेक्ट एंट्री के विरोध में आ गइल बा लो। पहलवान ममिला के विरोध में कोर्ट जाये के धमकी देले बा लो।

23 जुलाई तक करे के बा स्क्वॉड के घोषणा

एशियन गेम्स में सामिल होखे वाला भारतीय पहलवानन के नामन के घोषणा करे के आखिरी तारीख 23 जुलाई हs। ओलिंपिक काउंसिल एशिया (OCA) तक जदि ओह तारीख ले नाम ना भेजल गइल, तs गेम्स में भारतीय कुश्ती दल के भाग लिहल मुमकिन ना होई।

602850cookie-checkबजरंग-विनेश के एशियन गेम्स में डायरेक्ट एंट्री: एडहॉक कमेटी ट्रायल से छूट देलस; आउर रेसलर्स विरोध में आइल लो, कहल लो- कोर्ट जायेम सs

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.