[the_ad_group id="30365"]

Wimbledon: जोकोविच के दबदबा कायम, सातवां बेर विम्बलडन चैंपियन बनले, फाइनल में ऑस्ट्रेलिया के किर्गियोस के हरवले

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सर्बिया के दिग्गज टेनिस खिलाड़ी नोवाक जोकोविच सातवां बेर विंबलडन ओपन जीत लिहले बाड़े। अतवार (10 जुलाई) के पुरुष एकल फाइनल में ऊ आस्ट्रेलिया के निक किर्गिओस के चार सेट के मैच में हरा देले। जोकोविच एह मैच के 4-6, 6-3, 6-4, 7-6 (7-3) से जीतले। एकरा संगही उ अपना करियर के 21वां ग्रैंड स्लैम खिताब जीत लेले। जोकोविच सबसे बेसी ग्रैंड स्लैम जीते के ममिला में दुसरका जगहा पs पहुँच गइल बाड़े।

जोकोविच ओपन एरा में (1968 के बाद)  सभसे जादे विंबलडन जीत में दुसरा जगह पs पहुँच गइलें। उनका से आगे स्विट्जरलैंड के रोजर फेडरर बाड़े। फेडरर आठ गो विंबलडन जीत चुकल बाड़न। ऊ आखिरी बेर ई खिताब साल 2017 में जीतले रहलें। जोकोविच सातवां बेर चैंपियन बन के अमेरिका के पीट सैम्परास के बराबरी कs लेले। एमेच्योर एरा में (1968 से पहिले) ब्रिटेन के विलियम रेनशॉ सात गो खिताब जीतले रहलें।

जोकोविच के विम्बलडन खिताब

साल फाइनल में केकरा के हरवले  
2011 राफेल नडाल
2014 रोजर फेडरर
2015 रोजर फेडरर
2018 केविन एंडरसन
2019 रोजर फेडरर
2021 माटेओ बेरिटिनी
2022 निक किर्गियोस

 

किर्गिओस पहिला बेर फाइनल में पहुंचल रहले

दुसरा वरीयता प्राप्त सर्बिया के नोवाक जोकोविच रिकार्ड 32वां ग्रैंड स्लैम फाइनल खेलत रहले। किर्गिओस अपना करियर के पहिला ग्रैंड स्लैम फाइनल में खेलत रहले बाकिर पहिला बेर चैंपियन बने खातिर उनका इंतजार करे के पड़ी।

नडाल के नावे सबसे बेसी ग्रैंड स्लैम

सबसे अधिका ग्रांड स्लैम जीते के ममिला में स्पेन के राफेल नडाल पहिला जगे पs बाड़े.। ऊ 22 गो खिताब जीत चुकल बाड़े। 35 बरिस के नोवाक 22 गो खिताब जीत के दुसरका जगे पs आ गइल बाड़े। एकरा साथे रोजर फेडरर अब फिसल के तीसरा जगे आ गइल बाड़े। उनका नाव पs 20 गो ग्रांड स्लैम बा।

सबसे जादे ग्रैंड स्लैम फाइनल खेले वाला खिलाड़ी

खिलाड़ी फाइनल जीत
नोवाक जोकाविच 32 21
रोजर फेडरर 31 20
राफेल नडाल 30 22
इवान लेंडल 19 8
पीट सेम्प्रास 18 14
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]