[the_ad_group id="30365"]

गोरखनाथ मंदिर के द्वारिका तिवारी के पत्नी के निधन, लमहर समय से गुर्दा के बेमारी से पीड़ित रहली

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर: गोरखनाथ मंदिर कार्यालय से लमहर समय से जुड़ल द्वारिका तिवारी के पत्नी पुष्पा तिवारी के अतवार के रात नव बजे निधन हो गइल। 66 साल के पुष्पा लमहर समय से गुरदा के बेमारी से पीड़ित रहली।

गोरखनाथ चिकित्सालय में इलाज के दौरान ऊ अंतिम सांस लेली। मंदिर प्रबंधन से मिलल जानकारी के अनुसार उनकर अंतिम संस्कार राप्ती नदी के राजघाट पs सोमार माने आज सबेरे नव बजे कइल जाई।

बता दीं कि द्वारिका तिवारी गोरखनाथ मंदिर से बहुत लमहर समय से जुड़ल बाड़ें। मंदिर में आवे वाला फरियादियन के बात सुनल आ कार्रवाई करे खातिर पत्र लिखे से लेके फोन करे के जिम्मेदारी द्वारिका तिवारी निभावेलें। उनका दुख के घड़ी में ढांढस बंधावे खातिर शुभचिंतकन के तांता लागल बा।

साभार: दैनिक जागरण

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]