[the_ad_group id="30365"]

घाम में काहे खड़ा बाड़ू?”… गोरखनाथ मंदिर में CM के निहारत छोट लइकी के जवाब सुनके योगी हंस पड़ने

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री  योगी आदित्यनाथ आजकल गोरखपुर में बाड़े। सोमवार के उ जनता दर्शन में भी जनता के शिकायत सुनले। एह दौरान सीएम एगो दिव्यांग शिकायतकर्ता के बेटी खातिर अन्नप्राशन भी करवले। दूसर ओर योगी के घाम में खड़ा एगो अवुरी लईकी के देख के रुक गइले । बालिका के प्रति उनुकर दुलार देख के उहाँ मौजूद लोग सीएम के बहुत सराहना कईले। ए दौरान सीएम भी लईकी के संगे बतियावत देखाई देले।

जानकारी के मुताबिक गोरखनाथ मंदिर में आयोजित धार्मिक कार्यक्रम के श्रृंखला में गुरु गोरखनाथ के दर्शन करे खातीर योगी सबेरे मुख्य मंदिर के ओर जात रहले। आगे बढ़त-बढ़त उनकर नजर घाम में खड़ा एगो छोट लइकी पे पड़ल। उ तुरंत लईकी के लगे चल गईले। मुख्यमंत्री लईकी के हाल चाल के बारे में पूछले। दुलार कइलन आ अपना हाथ से प्रसाद देके आशीर्वाद दिहलस। सीएम पूछले कि घाम में काहे खड़ा बाडु? ‘तोहरा के देखे खातिर’ छोटकी बच्ची मासूमियत से कहलस।

उहाँ मौजूद सब लोग एह बात पे हँसत रहे। इ देख के मुख्यमंत्री भी हंसी ना रोक पवले। उ लईकी के प्यार से सलाह देले कि बच्चा के तेज धूप से बचे के चाही। इ देख के दूर से खड़ा होके आवे वाला दोसर आगंतुक भी मुख्यमंत्री के प्यार आ दुलार से अभिभूत हो गईले। उ कहले कि महाराज जी सिर्फ हमनी के उपासक ना हवे, उ बहुत उदार भी हवे। हमनी के उनुका लइकन से प्रेम के बारे में सुनत रहनी जा, लेकिन आज हमनी के साक्षात देखनी जा।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]