[the_ad_group id="30365"]

Indian Railways: देश के जल्दीए मिले वाला बा 5 नया वंदे भारत एक्सप्रेस ट्रेन, जानि लिस्ट में राउर शहर बा की ना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

वंदे भारत एक्सप्रेस ट्रेन : भारत के वंदे भारत एक्सप्रेस ट्रेन दुनिया के कई देशन के मुक़ाबले आधुनिक तकनीक के क्षेत्र में रेलवे के बहुत आगे बना देले बिया। देश में वंदे भारत ट्रेन के विस्तार खातिर भारतीय रेलवे के प्रयास जारी बा। एकरा चलते सेमी हाई स्पीड ट्रेन पहिलही से कई राज्य अवुरी शहर के कवर करेवाला 15 रूट पे चलत बिया। एह बढ़न्ती के अउरी आगे बढ़ावे खातिर भारतीय रेलवे देश के अलग अलग रूट पे पांच गो अउरी वंदे भारत ट्रेन जोड़े के योजना बनावत बिया। एह पांचों ट्रेन में से पहिला ट्रेन पुरी-हावड़ा मार्ग पे शुरू होखे वाली बिया। शायद एह महीना एकरा के झंडा देखा दिहल जाई।

हावड़ा-पुरी रूट पे वंदे भारत एक्सप्रेस ट्रेन के सफल ट्रायल रन के बाद ओडिशा सरकार भुवनेश्वर-हैदराबाद, पुरी-रायपुर आ पुरी-हावड़ा लाइन पे अउरी सेमी हाई स्पीड ट्रेन जोड़े के निहोरा कइले बिया।

खबर के मुताबिक पुरी-हावड़ा वंदे भारत एक्सप्रेस पश्चिम बंगाल के हावड़ा से सबेरे 5:50 बजे निकली अवुरी सबेरे 11:50 बजे ओडिशा के पुरी पहुंची। वंदे भारत दुपहरिया दू बजे पुरी से निकलि आ साँझ साढ़े सात बजे हावड़ा चहुँप जइहे।

बतावल जाता कि पुरी-हावड़ा ट्रेन खातीर खुर्दा रोड जंक्शन, भुवनेश्वर, कटक, जाजपुर क्योंझर रोड, भद्रक, बालासोर आ हल्दिया स्टेशन सभ पे रुकी ।

चेयर कार के किराया 1590 रुपया (खाना खातिर 308 रुपया के संगे) अवुरी एग्जीक्यूटिव क्लास खातीर 2,815 रुपया (खाना खाती 369 रुपया के संगे) के अनुमान बा। अगर कवनो यात्री “नो मील्स” चुनेला त टिकट के दाम में खानपान शामिल ना होखे।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]