[the_ad_group id="30365"]

12 हजार करोड़ रुपया में बनल मुंबई के सुरंग काहे लीक होखे लागल? दु महीना पहिले भइल रहे उद्घाटन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुंबई के तटीय सड़क सुरंग में करीब 12 हजार करोड़ रुपया के लागत से बनल रहे आ एकर उद्घाटन करीब दु महीना पहिले भइल रहे। हालांकि अब ओकरा में रिसाव लउकत बा ।

मुंबई के महत्वाकांक्षी तटीय सड़क सुरंग के लेके सरकार के आलोचना होखता। एकरा उद्घाटन के तीन महीना बाद भी करोड़ों के लागत से बनल सुरंग में पानी लीक होखे लागल। 10-11 जून के मुंबई में मानसून के प्रवेश हो सकेला । अइसने में अब सवाल उठल बा कि बरखा में ई तटीय सड़क केतना सुरक्षित बा । करीब 12 हजार करोड़ रुपया के लागत से पूरा भइल ए महत्वाकांक्षी परियोजना के उद्घाटन ए साल 11 मार्च के मुख्यमंत्री एकनाथ शिंदे कइले रहले।

ई देश के पहिला सड़क हs, जवन समुंदर के नीचे बनल बा। पहिले मुंबई के लोग के वर्ली से मरीन ड्राइव जाए में 40 मिनट लागत रहे। मुंबई तटीय सड़क के उद्घाटन के बाद यात्री महज 9 से 10 मिनट में ई दूरी तय कर रहल बाड़े। हालांकि, मानसून से दु सप्ताह पहिले मुंबई तटीय सड़क के सुरंग से लीकेज शुरू हो गइल, जवना से बहुत सवाल उठल। सुरंग के निकास से लगभग 100 मीटर दूर मरीन ड्राइव-एंड के ओर तटीय सड़क बाढ़ से भर गइल रहे।

दीवारन पs नमी, कई जगहन पर करिया धब्बा लउकता 

तटीय सड़क परियोजना अभी तक तीन महीना तक पूरा नइखे भइल। नमी के चलते कई जगहा देवाल पs करिया धब्बा देखाई देले बा। बतावल जा रहल बा कि रविवार के सबेरे से लीकेज चल रहल बा। देवाल में नमी आ रहल बा। अभी तक इ साफ नइखे कि सुरंग में रिसाव के कारण के रहे, जांच जारी बा।

सीएम शिंदे तटीय सड़क सुरंग के दौरा कइले

मानसून आवे में अभी कुछ हफ्ता बाचल बा, एहसे तटीय सड़क के सुरंग से लीकेज के खबर सुन के खुद सीएम एकनाथ शिंदे ए जगह के घूमे पहुंचले। ऊ सुरंग के निरीक्षण करत कहले कि कुछ दिन में बेहतरीन तकनीक के मदद से एकरा के भर दिहल जाई आ बरसात के मौसम में इहाँ पानी ना देखाई दिही।  सीएम शिंदे कहले कि काल्ह जब पानी लीक होखे के खबर मिलल तs तुरंत आयुक्त के फोन कइनी। दू-तीन जगहा लीकेज हो गइल बा । कवनो लीकेज के जांच कइल जाई। सुरंग विशेषज्ञन से भी भेंट भइल बा। एकरा मूल संरचना खातिर कवनो खतरा नइखे । एकरा के खास तकनीक के इस्तेमाल से भरल जाई। एकर स्थायी समाधान मिल जाई। यात्रियन के कवनो समस्या के सामना ना करे के होई आ बरसात के मौसम में इहाँ पानी ना देखाई दिही।

 ई सुरंग समुद्र तल से 17 से 20 मीटर नीचे बा।  

एकरा से पहिले 10 अप्रैल के हाजी अली तटीय सड़क के पैदल अंडरपास में पानी घुसल रहे। तब भी बीएमसी के बहुत आलोचना भइल। अब खतरा बरखा के चलते बा, मानसून के समय तटीय सड़क के इ सुरंग केतना सुरक्षित बा?

12.19 मीटर व्यास के एह सुरंग में खाली एकतरफा यातायात जारी बा। ई समुद्र तल से 17 से 20 मीटर नीचे बा। एकरा के 11 मार्च के एकतरफा यातायात खातिर खोलल गइल रहे आ अबले एह रूट पर सात लाख से अधिका गाड़ी चल चुकल बाड़ी सँ ।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]