नई दिल्ली। दुनिया के सबसे शक्तिशाली देस के राष्ट्रपति डोनल्ड ट्रंप के आवास से मात्र कुछ दूरी पs गोलीबारी भइल। ई घटना स्थानीय समय के मोताबिक बुध के दुपहरिया 2:30 बजे के करीब भइल।
दरअसल, व्हाइट हाउस के लगे सड़क पs भइल एह गोलीबारी में कम से कम तीन लोग घायल हो गइल, जवना में दुगो नेशनल गार्ड सामिल बा लोग। अमेरिकी राष्ट्रपति एह घटना के आतंकी हमला करार देले बाड़ें।
गोलीबारी के घटना के ट्रंप बतवलें आतंकी हमला
व्हाइट हाउस के लगे नेशनल गार्ड के सदस्यन पs भइल गोलीबारी पs अमेरिकी राष्ट्रपति डोनल्ड ट्रंप कहलें कि ई हमला ‘आतंकवादी कृत्य’ रहे। वॉशिंगटन में वेस्ट वर्जीनिया नेशनल गार्ड के संगे भइल गोलीबारी के बाद अमेरिकी राष्ट्रपति शहर में 500 आउर नेशनल गार्ड मेंबर्स के भेजे के ऑर्डर देलें।
अमेरिकी राष्ट्रपति डोनल्ड ट्रंप कहलें कि पूर्व राष्ट्रपति जो बाइडन के राज में अफगानिस्तान से अमेरिका में घुसल हर एगो एलियन के फेर से जांच कइल जाई। शनल गार्ड मेंबर्स पs गोली चलला के घटना पs ट्रंप कहलें कि DHS के यकीन बा कि संदिग्ध 2021 में अफगानिस्तान से अमेरिका में घुसल रहे।
आरोपी हमलावर गिरफ्तार
मेट्रोपॉलिटन पुलिस विभाग एह घटना के लेके बतवलस कि गोलीबारी व्हाइट हाउस के लगे भइल रहे। घटना के तुरंत बाद पूरा इलाका में भारी पुलिस बल तैनात कs दिहल गइल बा।
बतावल जा रहल बा कि व्हाइट हाउस से कुछ दूरी पs नेशनल गार्ड के जवान गश्त पs रहे लोग, एही दौरान हमलावर एह घटना के अंजाम देलस। गोलीबारी के बाद आउर गार्ड सदस्य संदिग्ध के घेर लिहल लोग आ गिरफ्तार कइ लिहल। जानकारी के अनुसार, आरोपी के पहचान 29 बरिस के रहमानुल्लाह लकनवाल के रूप में भइल। ऊ अफगानी नागरिक बतावल जा रहल बा।







