BJP Attack on Rahul Gandhi : भाजपा के आरोप- राहुल गांधी के टीम देस के अपमान करे में लागल बिया, बिदेसी सोशल मीडिया अकाउंट से साजिस रचल जा रहल बा साजिश

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 27, 2025

सेंट्रल डेस्क। भाजपा बियफे के एगो प्रेस कॉन्फ्रेंस में कांग्रेस पs आरोप लगावत कहलस कि बिदेस से चलावल जा रहल अकाउंटन के मदद से भारत के छवि खराब करे के कोसिस भइल बा। पार्टी के

Share

BJP spokesperson Sambit Patra accusing Rahul Gandhi’s team of running anti-India narrative through foreign social media accounts during press conference.

सेंट्रल डेस्क। भाजपा बियफे के एगो प्रेस कॉन्फ्रेंस में कांग्रेस पs आरोप लगावत कहलस कि बिदेस से चलावल जा रहल अकाउंटन के मदद से भारत के छवि खराब करे के कोसिस भइल बा। पार्टी के प्रवक्ता संबित पात्रा कहलें कि 2014 से लेके अभी तक लगातार कांग्रेस, खास कs के राहुल गांधी आ उनकर टीम, सोशल मीडिया टीम, एडवाइजरी कमेटी आ लेफ्ट के जानल-पहचानल चेहरा देस के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ भारतवर्ष के अपमानित करे में कवनो कमी नइखे छोड़त।

पात्रा कहलें, “X में कुछ दिन पहिले एगाे नया फीचर आइल बा। एकरा से अब पता चले लागल बा कि अकाउंट के मालिक कवना देस के हs, माने की ओकर लोकेशन कहां के बा।” कांग्रेस पs हमला बोलत पात्रा आगे कहलें, “चाहे एह खातिर बिदेसी ताकत के मदद लेवे के पड़े, चाहे बिदेस में जाके भारत के खिलाफ बोले के पड़े, चाहे बिदेस से आपन अकाउंट चलाके भारत में गलत नैरेटिव खड़ा करे के कोसिस करे के पड़े-कांग्रेस कहीं पीछे ना रहेले।”

भाजपा सांसद आगे कहलें, “राहुल गांधी खाली बिदेस जा के देस के खिलाफ बोलते नइखेंए भा खाली जेन-जी से मिल के माहौल बनावते नइखें। कांग्रेस में काम के पूरा बंटवारा बा। उनकर लोग अलग-अलग देस में बइठल बा आ भारत में गलत नैरेटिव सेट करे में लागल बा। वोट चोरी आ ‘ऑपरेशन सिंदूर’ वाला नैरेटिव बनावल गइल बा। ‘ऑपरेशन सिंदूर’ में प्रधानमंत्री मोदी आ भारतीय सेना के एक तरे से आत्मसमर्पण करे वाला हालत में देखावल गइल रहे।”

Read Also: Firing Near White House : ई आतंकी हमला हs, हमलावर के बड़ कीमत चुकावे के होई’; व्हाइट हाउस के लगे गोलीबारी पs भड़कलें ट्रंप

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.